भोजपुरी के डिप्लोमा आ सर्टिफिकेट कोर्स

by | Oct 5, 2011 | 1 comment

बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय में मौजूदा शैक्षणिक सत्र से भोजपुरी में डिप्लोमा आ सर्टिफिकेट कोर्स के शुरूआत होखे जा रहल बा. एक साल के पीजी डिप्लोमा पूर्णकालिक होखी. दू साल वाला कोर्स पार्ट टाइम में कइल जा सकेला. चार महीना के एगो कम अवधि के भोजपुरी डिप्लोमो वाला कोर्स बा.

जे लोग एह पाठ्यक्रम में दाखिला लिहल चाहत होखें ऊ विश्वविद्यालय के वेबसाइट से पूरा जानकारी ले सकेलें.

दाखिला खातिर आवेदन फार्म वेबसाइटे से डाउनलोड करे के पड़ी ओकरा के कार्यालय से खरीदल ना जा सकी.

आवेदन के आखिरी तारीख दस अक्टूबर २०११ आ दाखिला खातिर काउन्सलिंग पन्द्रह अक्टूबर के कइल जाई.

पूर्णकालिक आ पार्ट टाइम कोर्स में दाखिला खातिर कवनो कोर्स से स्नातक होखल जरूरी बा. चार महीना वाला कम अवधि के कोर्स खातिर इन्टर पास होखल चाहीं. एक साला कोर्स खातिर बारह हजार रुपिया भा पाँच सौ डालर आ दू साल वाला कोर्स में छह हजार रुपिया सालाना भा अढ़ाई सौ डॉलर सालाना फीस जमा करे के पड़ी. कम अवधि वाला कोर्स खातिर फीस बारह सौ रुपिया भा एक सौ डालर राखल गइल बा.

एह फीस का अलावा विश्वविद्यालय के नियमित फीस अलग से देबे के पड़ी. विदेशी विद्यार्थियन के लागे वाला शुल्क के जानकारी विश्वविद्यालय के अंतर्राष्ट्रीय केन्द्र से लिहल जा सकेला.
(चेतावनी : खबर देत घरी सोचनी कि देख ली कि वेबसाइट पर एकरा बारे में जानकारी कवना लिंक पर बा त बहुतो खोजला का बादो ना मिलल. विश्वविद्यालय के विद्वान वेबमास्टर पता ना का सोच के डिजाइन कइले बाड़न कि जानकारी बिटोरे में घंटो लाग जाई आ पता ना भेंटाई कि ना. एह चलते हम ओह नोटिसआवेदन पत्र के एहिजा दे रहल बानी. कवनो तरह के आवेदन करे से पहिले विश्वविद्यालय कार्यालय से संपर्क कर के पूरा पता लगा लीं.)

Loading

1 Comment

  1. padam yadav

    hamke bada achha lagal ki bhojpuri siksha k bareme hamke jankari milal.
    Ekara khatir hum aap sab anjoriya team k dhanyabad det bani

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up