भोजपुरी के मान्यता खातिर दिल्ली में धरना प्रदर्शन

by | Aug 9, 2011 | 8 comments

देर से मिलल खबर बाकिर खबर मजगर बा. दिल्ली में पिछला चार अगस्त का दिने सौ गो से बेसी भोजपुरी संगठन भा संस्था के कार्यकर्ता जंतर मंतर पर धरना प्रदर्शन कइले जवना में भोजपुरी के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के माँग कइल गइल. एह धरना प्रदर्शन में हजारो लोग शामिल रहे आ पुलिस करीब दू दर्जन लोग के हिरासतो में ले लिहलसि.

एह धरना प्रदर्शन में पूर्वांचल एकता मंच के अध्यक्ष शिवजी सिंह कहले कि अगर सरकार एही सत्र में भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे वाला प्रस्ताव नइखे ले आवत त भोजपुरिया सड़क पर आवे ला मजबूर हो जइहें आ पूरा देश में आन्दोलन कइल जाई. भोजपुरी भाषा, साहित्य एवं सांस्कृतिक केंद्र, इग्नू के निदेशक प्रो. शत्रुघ्न कुमार कहले कि दुनिया के सगरी भाषा मीठ आ महत्व वाली हईं स आ भोजपुरिओ ऊहि में शामिल बा. आदि काल से वर्तमान काल ले भोजपुरी साहित्य में महिला आ वंचित वर्ग को जगहा दिहल गइल बा आ एह भाषा के अबही ले मान्यता ना दे के सरकार देश के अपमान कइले बिया. बी.आर.ए. बिहार विश्वविद्यालय के लंगट सिंह कॉलेज, मुज़फ्फरपुर में भोजपुरी भाषा केन्द्र अध्यक्ष डॉ. जयकांत सिंह जय के कहना रहल कि सरकार भोजपुरी का साथे अनेरे बेजरूरत भेदभाव करत बिया. भोजपुरी भाषा में लोक साहित्य, शिष्ट साहित्य, लिपि, व्याकरण, इतिहास अउर पठन-पाठन सामग्री समेत हर ऊ चीज बा जवन संविधान से मान्यता प्राप्त दोसरा कवनो भाषा में बा.

पूर्वांचल एकता मंच के संयोजक चंद्रशेखर राय कहले कि ‘‘भोजपुरी हमनी के मातृभाषा ह आ एकरा के हमनी का अपना महतारिये लेखा मानी ले सँ.एह भाषा में पढ़िये के हमनी के मौजूदा आ आवे वाली पीढ़ी हमनी के पुरातन संस्कृति के समुझ पाई. पूर्वांचल एकता मंच के संरक्षक संजय सिंह कहले कि आजु त एके दिन के धरना प्रदर्शन कइल जा रहल बा बाकिर अगर सरकार ना मानल त देश भर में आन्दोलन चलायब सँ.

सभा के संबोधित करत संतोष पटेल कहले कि भोजपुरी संवैधानिक मान्यता के हर मापदण्डों पूरा करेले ए अकरा के जल्दी से जल्दी मान्यता मिले के चाही. मंच के संरक्षक सतेन्द्र सिंह राणा कहले कि हमनी का ‘विश्व भोजपुरी सम्मेलन’ का माध्यम से नेतालोग के एही से इज्जत करीले जा कि ऊ लोग संसद में आपन आवाज बुलन्द करी. अगर उ लोग अइसन ना करी त हमनी का खुद आपन आवजा उठायब. मुकेश कुमार सिंह, प्रवक्ता पूर्वांचल एकता मंच, के कहना रहल कि देश के लगभग 25 करोड़ आबादी भोजपुरी बोले समुझेला आ दुख बा कि सरकार एकरा के सही जगाह नइखे दिहले.

धरना प्रदर्शन में नेपाल से राजेन्द्र प्रसाद गुप्ता, चेयरमैन पशुपति ट्राँसपोर्ट (वीरगंज), बतवले कि नेपाल में संविधान बनावल जा रहल बा आ ओहिजा भोजपुरी को राष्ट्रभाषा का रूप में शामिल करे के बात हो रहल बा. सभा के संबोधित करे वालन में युवा नेता संतोष ओझा, हमार टी.वी. के क्रियेटिव हेड मनोज भावुक, पूर्वांचल एक्सप्रेस के कुलदीप श्रीवास्तव, महिपालपुर से संतोष भट्ट, नारायणा से बजरंगी प्रसाद, बिहारी खबर के मुन्ना पाठक वगैरह शामिल रहले. धरना में शामिल होखे वालन में खास खास लोग में भोजपुरिया अमन के संपादक डॉ. जनार्दन सिंह, अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के विश्वनाथ शर्मा, पूरवैया (रजि.) के अविनाश पाण्डे आ ध्रुव प्रसाद, पूर्वांचल एकता मंच के नागेन्द्र सिंह, मन्नू सिंह, सुरेन्दर सिंह, रामप्रीत यादव, संतोष सिंह, रविन्द्र दुबे, एस. के. पाण्डेय, श्रीकांत विद्यार्थी, श्रीकारत यादव वगैरह रहले.

सभा के समाप्ति पूर्वांचल एकता मंच के कोषाध्यक्ष अमरेन्दर सिंह आ कानूनी सलाहकार, सुप्रीम कोर्ट के वरिष्ठ अधिवक्ता विशाल सिन्हा के धन्यवाद ज्ञापन से भइल.

सभा का बाद धरना स्थल से धारा 144 के अनदेखी करत हजारों कार्यकर्ता संसद मार्ग ओरि कूच कइले बाकिर बीचे राह में संसद मार्ग पुलिस बढ़े से रोक दिहलसि. मुख्य पदाधिकारियन के हिरासतो में ले लिहलसि. बाद मे प्रधानमंत्री, गृहमंत्री, लोकसभा अध्यक्ष, मानव संसाधन विकास मंत्री, सूचना एवं प्रसारण मंत्री, खेल एवं कला मंत्री के भोजपुरी भाषा के अष्टम अनुसूची में शामिल करावे खातिर ज्ञापन सँउपल गइल.

संतोष पटेल से मिलल खबर पर आधारित.

Loading

8 Comments

  1. Abhishek Bhojpuriya

    अफशोश कि हामारा के मालुम ना रहे लेकिन जे भी भोज्पुरिया भाई लामीयल भईल ओकर उत्साह देख के हामरा खुशी होत बा. आशा बा सर्कार हमनि के बात जरुर सुनी.

  2. rakesh pathak

    pura desh ke navjawan ko samajsewak aana hajare ke aandolan me kud jaye ke chahi kahe se desh jwan rashatal me pahucha ta okara khatir desh ek ek navjawan ke chahi bharat mata bhrstachar mitawe kkhati aaueke bab

    rakesh pathak murarpatti ballia

  3. amritanshuom

    बड़ी अफशोश के बात बा की हम समय अभाव आ बारिश के वजह से धरना में शामिल न हो पइलीं .
    ओ.पी.अमृतांशु

  4. santosh patel

    bhaee bhawuk ji
    raur sanchalan me uhan ke na rahani lekin pardarshan ke samay aa gaeel rahani. barsat bhaeela ke chalate kajkaram ke akhari me aeel rahani.

    santosh

  5. MANOJ BHAWUK

    भाई पटेल जी ,
    कुछ कहे के बात त दूर इग्नू के निदेशक प्रो. शत्रुघ्न कुमार जी त आइले ना रहनी . हम शुरू से अंत ले कार्यक्रम में रहनी . शुरुआत में बहुत देर तक संचालन भी कइनी . हमरा त प्रो. शत्रुघ्न कुमार जी कहीं नजर ना अइनी .

  6. चंदन कुमार मिश्र

    चलीं ढेर शामिल भइल लोग। अब सरकार का करतिया, एकरे के देखे के बा। बैनर में एतना गलती देख के त लागता कि कवनो भोजपुरी वाला के ध्यान गइबे ना कइल। कुछ लोग हिरासत में, ई खबर लोग के भावना बता रहल बिया।

    कुछ दिन में अँजोरिया के आउरो लेख पढ़ेम, इसे ई मत मानल जाव कि हम खाली अइसने खबर आ लेख पर आके बोल जाइले।

  7. Abhay Singh

    bhojpuri khatir sukhad samachar…
    hamnio ke sathe bani san..

    abhay singh

  8. sunil k patel

    आशा बा कि भारत अजादी और लोकतन्त्र के कलंकित ना करी, और भोजपुरी के गुलामी के जन्जिर से मुक्त कर्के ..संबिधान के ८ वा अनुसूची मे भोजपुरी के भी समिल करी

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up