मनोज तिवारी गंगा संकल्प लिहलन, शीतला मंदिर में माथा टेकलन

by | Jun 15, 2014 | 0 comments

ManojTiwari-kesaria
उत्तर पूर्व दिल्ली संसदीय सीट से चुनाव जितला का बाद भोजपुरी गायक आ भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी पिछला शुक वाराणसी चहुॅपलन त ओहिजा उनकर जोरदार स्वागत भइल. क्रिकेट खिलाड़ी, गायक आ अभिनेता का बाद अब राजनेतो का रूप में बुलंदी प चहुॅपल मनोज तिवारी के जिनिगी में हमेशा वाराणसी खास रहल बा से हवाई अड्डा पर उतरते उ सबले पहिले ओह जगहन के प्रणाम कइलन जहां से उनकर जिनिगी के नया नया आ सफल रास्ता तय कइलन.

मनोज तिवारी बीएचयू से पढ़ाई कइलन आ एहिजा के क्रिकेट टीम के अहम सदस्य रहलन. उनका नेतृत्व में टीम अनेके जीत हासिल कइलसि. अस्सी घाट पर उनका संगीत साधना के प्रदर्शन होखत रहे आ एहिजे से उनकर नाम चमकल शुरु भइल. से अस्सी घाट चहुंप के ओहिजा के लोगन के आभार जतवलन. एहिजे एगो शो के दौरान टी सीरीज के प्रतिनिधि उनका के भजन गावे के आफर दिहले रहे.

एहिजा से मनोज तिवारी नाव से शीतलाघाट जा के मां शीतला के मंदिर में विधिवत दर्शन पूजन कइलन फेर गंगा के आचमन क के उनकर पीड़ा दूर करे के संकल्प लिहलन. शीतले घाट पर पहिला बेर मनोज तिवारी के आपन प्रतिभा देखावे के मौका मिलल रहे. एहीजे गावल उनकर भजन’शीतला घाट पर काशी में हम जाके शीश नवाई हो…’ बहुत मशहूर भइल आ ‘निबिया के डारी मैया…’ भजन उनका के बहुते प्रसिद्धि दिहलसि.

कौशलेशनगर जा के मनोज तिवारी अपना माई के गोड़ छू के आशीस लिहलन. चुनावी आपाधापी का चलते ढेर दिन बाद माई से मिले के मौका मिलल रहे से माहौल थोड़ देर ला भावुक हो गइल. मनोज कहेलन कि उनुका जिनिगी में माटी (वाराणसी आ कैमूर के) अउर माई के बड़ा योगदान रहल बा. बतवलन कि माईए का कहला पर भजन के कैसेट बनवले. माई उनकर मार्गदर्शक आ गुरु हई.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up