मनोज भावुक के पूर्वांचल गौरव सम्मान

by | Mar 12, 2012 | 1 comment

भोजपुरी साहित्यकार मनोज भावुक के पूर्वांचल भोजपुरी महासभा, गाज़ियाबाद पिछला 10 मार्च, 2012 के अपना सबले प्रतिष्ठित अवार्ड पूर्वांचल गौरव सम्मान से सम्मानित कइलसि. भोजपुरी के तमाम संस्थन का बीच साहित्यिक आ सांस्कृतिक संबंध मजबूत करे के दिशा में कइल प्रयास आ उल्लेखनीय सेवा खातिर भावुक के ई सम्मान गार्डेनिया ग्रुप के चेयरमैन मनोज राय का हाथे दिहल गइल.

एकरा पहिले विश्व पुस्तक मेला, दिल्ली में अन्तर्राष्ट्रीय किसान परिषद आ नारायणी साहित्य अकादमी द्वारा आयोजित कार्यक्रमो में मनोज भावुक के विश्व हिन्दी समिति के अध्यक्ष दाउजी गुप्त के हाथे सम्मानित कइल गइल रहे.

मनोज भावुक विश्व भोजपुरी सम्मलेन के दिल्ली इकाई के अध्यक्ष हउवें आ एहसे पहिले एकरे ग्रेट ब्रिटेन आ अफ्रीका इकाई के अध्यक्ष रह चुकल बाड़े. पूर्वी अफ्रीका के युगांडा में भोजपुरी एसोसियेशन ऑफ़ युगांडा (BAU) के स्थापना करे आ यूके में भोजपुरी समाज के संगठित कर के लन्दन का हाइड पार्क में भोजपुरी कार्यक्रम आयोजित करे खातिर मनोज भावुक के बहुते शोहरत हासिल भइल रहे.

तस्वीर जिंदगी के (ग़ज़ल-संग्रह) आ चलनी में पानी (गीत- संग्रह) मनोज के चर्चित पुस्तक ह. मनोज भोजपुरी के जानल-मानल फिल्म समीक्षक हउवें आ एगो टीवी चैनलो से जुड़ल बाड़न. भोजपुरी जगत में अपना विशिष्ट योगदान खातिर मनोज भावुक के भोजपुरी के राष्ट्रीय– अन्तराष्ट्रीय लगभग सभ संस्थन द्वारा नवाजल जा चुकल बा. एगो रचनाकार का रूप में प्रतिष्ठित भाऊराव देवरस सेवा न्‍यास, लखनऊ से पंडित प्रताप नारायण मिश्र स्‍मृति-युवा साहित्‍यकार सम्‍मान, राही मासूम रज़ा सम्मान आ देश के गौरवान्वित करे वाली अजीम शख्सियत का तौर पर भारतीय भाषा परिषद सम्मानो मिल चुकल बा भावुक के.

Loading

1 Comment

  1. amritanshuom

    रउआ ढेर -सारा बधाई के हकदार बनी भावुक जी .राउर ई भोजपुरी प्रेम देख के हमनी जइसन हर भोजपुरिया भाई लोगन के सिख लेवे के चाहीं .

    धन्यवाद !

    ओ.पी. अमृतांशु

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up