pub-4188398704664586

विश्‍व भोजपुरी सम्‍मेलन में भोजपुरी के सम्‍मान के मांग

by | Apr 26, 2011 | 3 comments

देवभूमि ऋषिकेश में दिनांक 23-24 अप्रैल के आयोजित विश्‍व भोजपुरी सम्‍मेलन के दसवाँ राष्‍ट्रीय अधिवेशन में भोजपुरी भाषा, संस्‍कृति आ कला के सम्मान दिहला के जोरदार मांग कइल गइल. समापन समारोह में मुख्‍य अतिथि उत्‍तर प्रदेश आ उत्‍तराखंड के पूर्व मुख्‍यमंत्री नारायण दत्‍त तिवारी भोजपुरी भाषा, कला संस्‍कृति, साहित्‍य आ संगीत के सराहना करत कहलन कि भोजपुरी तेजस्‍वी आ मधुर भाषा होखला का साथ-साथ आजादी के लड़ाईओ के भाषा रहल बिया. ओह दौरान जेल में बंद स्‍वतत्रता सेनानी, जवना में उहो शामिल रहले, एगो भोजपुरी क्रांति गीत गावल करे लोग जवना के बोल रहे “राजा तोरी राजशहिया मिटाए देबो न, साहब तोरी साहबजदिया मिटाए देबो न”. ई भोजपुरी भाषा के व्‍यापकता आ प्रभाव के अतुलनीय उदाहरण बा.

कार्यक्रम के एह सत्र के अध्‍यक्षता करत भोजपुरी समाज,दिल्‍ली के अध्‍यक्ष अजीत दुबे कहलें कि जगदंबिका पाल, रघुवंश प्रसाद सिंह, संजय निरूपम आदि सांसदन के धन्यवाद बा जे ऊ लोग संसद में ध्‍यानाकर्षण प्रस्‍ताव का जरिए भोजपुरी भाषा के संविधान का आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के मुद्दा उठावल लोग. अब केन्‍द्र सरकार के एह मुद्दा पर नियम 193 का तहत उठावल जाव आ पास करावल जाव. अजीत दुबे के इहो कहना रहे कि साल1991 का बाद से भोजपुरी लोक गायकन के पद्म पुरस्‍कार नइखे मिलल सरकार के एहपर ध्यान देबे के चाहीं आ मशहूर लोकगायकन के पद्म पुरस्‍कारन से नवाजे के चाहीं.

विश्‍व भोजपुरी सम्‍मेलन के राष्‍ट्रीय महासचिव अरूणेश नीरन भोजपुरी के विकास अउर उत्‍थान खातिर कइल जा रहल वि॰भो॰स॰ के प्रयासन के जानकारी देत कहलन कि सम्‍मेलन के उद्देश्‍य भोजपुरी भाषा, साहित्‍य अउर संस्‍‍कृति के प्रसार-प्रचार के साथ-साथ भोजपुरी प्रतिभा के आदर आ सम्‍मान देत उनुका के अनुकूल मंच प्रदान कइलो बा. एह खातिर संस्‍था साहित्यिक क्षेत्र के विशिष्‍ट हस्तियन के “सेतु सम्‍मान” आ लोक संगीत के क्षेत्र में दिहल जाये वाला “भिखारी ठाकुर सम्‍मान” का बारे में पूरा जानकारी दिहलन.

अबकी के सम्‍मेलन के उदघाटन 23 अप्रैल के वरिष्‍ठ भाजपा नेता कलराज मिश्र कइले. सम्मेलन में देश -विदेश से आइल तमाम भोजपुरिया लोगन का साथ-साथ स्‍थानीयो लोग बड़हन संख्‍या में मौजूद रहल. कलराज मिश्र अपना संबोधन में कहलन कि भोजपुरी खाली भाषा ना हिय एगो संस्कृति हिय आ रहन-सहन के एगो पद्धति ह.

एह कार्यक्रम के दौरान भोजपुरी साहित्‍यकार कवि हरिराम द्विवेदी के सेतु सम्‍मान आ प्रख्‍यात भोजपुरी गायिका मालिनी अवस्‍थी के भिखारी ठाकुर सम्‍मान से सम्‍मानित कइल गइल. दू दिन के एह सम्मेलन में अनेक विषयन पर संगोष्ठी, कवि सम्‍मेलन, किताबन के विमोचन वगैरह कार्यक्रम आयोजित भइल, एह सगरी आयोजन में विश्‍व भोजपुरी सम्‍मेलन के अंतर्राष्‍ट्रीय अध्‍यक्ष सतीश त्रिपाठी समेत सगरी प्रांतीय अध्‍यक्ष आ दोसर पदाधिकारी जइसे कि डा॰सरिता बुधु, डा॰ बी॰एन॰ तिवारी, डॉ अशोक सिंह, अनिल ओझा नीरद, मनोज भावुक वगैरह मौजूद रहे लोग.

Loading

3 Comments

  1. sanjay yadav

    hamar mang ba ki bhojpuri ke sabidhan ke athawa suchi main samil hokhe aur yeh bhasa ke vishv bhojpuri samelan sarkar manaye…….baki bad main kahb….

  2. OP_Singh

    टिप्पणी लिखला खातिर धन्यवाद. बाकिर अगर आपन नामो दे देतीं त नीक होखीत.

  3. Anonymous

    मुख्‍यमंत्री नारायण दत्‍त तिवारी,अजीत दुबे,अरूणेश नीरन,कलराज मिश्र,हरिराम द्विवेदी,सतीश त्रिपाठी,डा॰सरिता बुधु, बी॰एन॰ तिवारी,अनिल ओझा नीरद…… kul mila ke ee vishwa ke parikalpna ha…..
    koee auri logan ke bhi hissedaree rahal ki ee vishwa me khali upare wala mahanubhaw log bani sabhe.. may ke may log… vishesh log.. bhojpuri ke ab andolan aehi log sambhal lele ba ka????
    agar h, t ho gaeel bhala bhojpuri ke

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586