सतीश प्रसाद सिन्हा जी के निधन

by | Apr 15, 2021 | 0 comments

भोजपुरी गीत नवगीत के बरियार हस्ताक्षर सुप्रसिद्ध साहित्यकार सतीश प्रसाद सिन्हा जी के निधन के खबर पा के मन बहुते दुखी हो गइल.

सतीश प्रसाद सिन्हा जी के जनम 1 जून 1938 के आरा, भोजपुर में भइल रहे. पटना उच्च न्यायालय में सचिव के पद प रहनी. भोजपुरी आ हिंदी में लगातार लिखत रहनी.

अपना प्रिय साहित्यकार के लोर भरल श्रद्धांजलि देत परोस रहल बानी सतीश जी के लिखल कविता. ई उहाँ के भेज पइतीं ओकरा पहिलहीं उहाँ के जिनिगी से हरला के खबर पा के मन टूट गइल.

  • रामरक्षा मिश्र विमल

गीत लिखीं

  • सतीश प्रसाद सिन्हा

गीत लिखीं, नवगीत लिखीं
हारल मन में जीत लिखीं.

जे हतियारा
हतिया कइ के छूट गइल
जे तिरिया के
बेशरमी से लूट गइल
ओकर करिया करनी
करूआ तीत लिखीं.

घर कतना हर साल
बाढ़ में डूब गइल
राहत के चरचा
कागज पर खूब भइल.

लिखीं आजु सभ,
पीड़ा भरल अतीत लिखीं.

केहू के बा चिंता
अपना गद्दी के
पागल केहू
भाषाई चउहद्दी के.

जात-धरम के केहू
रोटी सेंक रहल
सीधा जन पर केहू
फंदा फेंक रहल.

राजनीति के कुटिल
नीति के रीत लिखीं.

डेग-डेग पर
आतंकी बारूद छिपल
राहगीर के मउअत के
सामान बिछल
सभकर जिनिगी आजु
भइल विपरीत लिखीं.

  • कुसुमांचल, अंबेदकर पथ, बेली रोड, पटना- 800014
    (सँझवत पत्रिका के अंक 7 से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up