हालही में शुरू भइल भोजपुरी के मनोरंजन चैनल अंजन टीवी का बारे में बतियावत ओकर मुख्य कार्यकारी अधिकारी मनजीत हंस

अपने के चैनल बाकी भोजपुरी चैनलन से कवना मायने में अलगा बा?

अंजन टीवी अगिला पीढ़ी के चैनल हवे जहाँ बढ़िया गुणवत्ता वाला मनोरंजक कार्यक्रम पेश कइल जाई. एहिजा चुनिन्दा कार्यक्रम पेश कइल जाई जवन एकरा के दोसरा चैनलन से अलगा बनाई.

भोजपुरी मनोरंजन चैनल कवना वजह से शूरू कइनी?

देश के आबादी में एगो बड़हन हिस्सा बा भोजपुरी भाषियन के आ ई लोग विदेशो में पसरल बा. एह लोग के बढ़िया मनोरंजन परोसे ला अंजन टीवी के शुरूआत कइल गइल बा आ एकरा माध्यम से भोजपुरी मनोरंजन का क्षेत्र में एगो क्रांतिकारी बदलाव ले आवे के योजना बा अंजन टीवी के.

अंजन टीवी के लोगो, प्रतीक चिह्न, का बारे में कुछ बताईं.

एह प्रतीक चिह्न में तीन गो आँख तीन रंग में बनावल बा. ई तिसरका आँख भोजपुरिया दर्शकन के ओकर मनचाहा कार्यक्रम परोसे खातिर बा. हमनी के मकसद अपना दर्शकन का जिनिगी में मनोरंजन के नया रंग घोले के बा.

एकर वितरण के योजना कवना तरह से बनावल बा?

एकरा के पूरा देश में वितरित करे के योजना बा बाकिर खास धेयान उत्तर भारत के यूपी, बिहार, झारखंड, उत्तराखंड, मध्यप्रदेश, पश्चिम बंगाल आ राजस्थान पर रही.

कार्यक्रम के आधार का रही?

चैनल समहर मनोरंजन परोसे वाली बा जहाँ यात्रा, भोजन, स्वास्थ्य, संगीत, सिनेमा, आध्यात्म, सोप, फैशन आ परिवार से जुड़ल कार्यक्रम देखावल जाई. अधिकतर कार्यक्रमन के जजमानी, एंकरिंग, भोजपुरी मनोरंजन के बड़हन सितारा करीहें. हर शो देखे वाला के दिल, दिमाग आ आत्मा के तोस दी.

एह कार्यक्रमन के कवना दर्शक वर्ग पर केन्द्रित कइल जाई?

वइसे त कार्यक्रम अइसन रहीहें सँ कि हर दर्शक के भरपूर मनोरंजन मिल सको आ जिनिगी के हर पहलू के उजागर कइल जाव बाकिर खास धेयान पचीस से पैंतालिस बरीस के दर्शकन पर रही.

अंजन के कुछ खास शो का बारे में बताईं?

“इकरारनामा” एगो अइसन बतकही शो होखी जहाँ परिवारन के जोड़े का दिसाईं जोर रही आ आपसी नाता पोढ़ करे पर जोर दिहल जाई. अंजन के हर शो में दर्शकन के उत्साहित करे के कोशिश होखी, परिवार आ हीत मीत से जोड़े के काम कइल जाई.

अंजन पर दर्शकन के सीधा भागीदारिओ वाला कुछ कार्यक्रम होखी का?

हँ. “होम मिनिस्टर” में एह शो के जजमान दर्शकन का घरे जइहें आ घर के बहु से उनुका जिनिगी के कुछ हसीन पल क बारे में बतियइहें. फेर “हमार गाँव” बा जवना के जजमान गाँवन के सफर पर निकलल करीहें आ “आपन कैंपस” शो के जजमान कॉलेज परिसर जा जा के ओहिजा के विद्यार्थियन साथे नाच, गाना, गेम वगैरह के मनोरंजन कार्यक्रम परोसल करीहें. एह कार्यक्रम में शामिल होखेवालन के कुछ बढ़िया उपहारो दिहल जाई.


(उदय भगत से भइल बातचीत का आधार पर)

 490 total views,  4 views today

By Editor

%d bloggers like this: