मुंबई 03 जून (वार्ता). बॉलीवुड अभिनेत्री करीना कपूर एक बेर फेरु अक्षय कुमार के साथे काम करत लउक सकेली.
करीना कपूर खान के प्रेग्नेंसी आ बेटा तैमूर के परवरिश का चलते ढेर दिन से फिलिमन से दूर रहे के पड़ुवे आ अब जब वीरे दी वेडिंग से उनुकर वापसी हो गइल बा त उनुकर अगिला फिलिम में अक्षय कुमार हीरो होखीहें. करीना अपना दूसरकि फिलिमो ला तइयार बाड़ी. करण जौहर के बैनर पर बने वाली फिलिम में ऊ शामिल होखीहें आ एह फिलिम से अब अक्षयो कुमार जुड़ गइल बाड़न.
फिलिम में ऊ करीना कपूर के पति के किरदार करीहें.
बतावल जात बा कि अक्षय के फिलिम के कहानी भा गइल बा आ ऊ जल्दए एकरा ला हाँ कर दीहें. अगर अइसन हो गइल त पूरा नौ बरीस बाद दुनु जने कवनो फिलिम में साथे लउकीहें. आख़िरी बार ई लोग कमबख़्त इश्क में काम कइले रहुवे. अलग बाति बा कि एकरा बाद अक्षय कुमार के दू गो फिलिमन – गब्बर इज़ बैक अउर ब्रदर्स – में करीना आइटम सांग कइले रही.
ई फिलिम एह साल नवम्बर में शुरू होखी.
फिल्म धड़क के निर्देशक शशांक खेतान के असिस्टेंट राज मेहता एकरा के डायरेक्ट करीहें. फिलिम में करीना के किरदार एगो महतारी के बा. फिलिम रोमांटिक कॉमेडी होखी बाकिर एकरा कहानी में समाज ला एगो संदेशो रहे वाला बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: