बिहार में धमाल मचवला क बाद निर्माता आलोक कुमार के भोजपुरी फिल्म ‘देवरा पे मनवाँ डोले’ एह हफ्ता मुम्बई के सिनेमाघरन में रिलीज भइल. सिनेमा भोजपुरी के नयका सुपर स्टार खेसारीलाल यादव आ स्मृति सिन्हा के शानदार जोड़ी से सजल ‘देवरा पे मनवाँ डोले’ के दर्शक भरपूर समर्थन देत बाड़ें आ एकरा मजगर कलेक्शन भेंटात बा.
एह समहर पारिवारिक मनोरंजन देबे वाली फिलिम के निर्देशक प्रेमांशु सिंह हउवें. फिल्म के कलाकारन में खेसारीलाल आ स्मृति सिन्हा का अलावे अंजना सिंह, सत्येन्द्र सिंह, रानी चतुर्वेदी, अनुप अरोड़ा, विनोद मिश्रा, माया यादव आ प्रकाश जैस शामिल बाड़ें.
(प्रशांत निशांत के रपट)
346 total views, 5 views today