अमृता क्रिएशन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम “दबंग मोर बालमा” लेके आवत बाड़न निर्देशक अवनि अग्रवाल आ निर्माता जयेश पटेल. पूरा शूटिंग यूपी आ गुजरात में भइल बा. मारधाड़ आ एक्शन भरल एह फिलिम के गीतो संगीत मजगर बा. एह फिलिम में मोनालिसा के गरमागरम सीन दर्शकन के बहुते लुभाई.
मुख्य कलाकारन में विराज भट्ट, मोनालिसा, अजय दीक्षित, नीलिमा सिंह, वैभव राय, शशिभूषण सिंह, सीमा सिंह, गौरी, अखिलेश शुक्ल, दीपू आ सुरेन्द्र पाल के नाम बा.
गीत पवन मिश्रा के, संगीत गणेश पांडे के, छायांकन करीम खत्री के, फाईट शकील शेख के, नृत्य निर्देशन अशोक मयंक के, आ एडिटिंग मणि के बा.
फिलिम अगिला साल फरवरी में रिलीज होखे के उमेद बा.
(संजय भूषण पटियाला)
342 total views, 2 views today