हालही में टीवी शो बिग बॉस पर अपना फिलिम अय्यारी के प्रौमोशन करे मनोज बाजपेई आ रकुल प्रीत सिंह का साथे आइल सिद्धार्थ भोजपुरी भाषा का खिलाफ एगो बेहूदा आ अपमानजनक बाति कह गइलें. एह पर आपन नाराजगी जतावत भाजपा के दिल्ली प्रदेश अध्यक्ष आ भोजपुरी मेगास्टार आ सांसद मनोज तिवारी अभिनेता सिद्धार्थ मल्होत्रा का खिलाफ काल्हु बियफे का दिने दिल्ली के ।थाना में आपन शिकायत दर्ज करइहें.

एह बाति के जानकारी सांसद मनोज तिवारी के निजी प्रतिनिधि शशिकांत सिंह गिहले बाड़न. हर भोजपुरी प्रेमी के सिद्धार्थ के टिप्पणी पर आपन विरोध प्रकट करे के चाहीं.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d