आई के मूवीज फिल्मस के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘पंचायत‘ क शूटिंग पूरा हो गइल बा आ निर्माता एम इम्तियाज खान के एह फिलिम के पोस्टप्रोडक्शन के काम मुंबई के पार्क एवेन्यू स्टूडियो में कइल जा रहल बा.
‘पंचायत‘ में विराज भटट आ काजल रेघानी के जोड़ी फेरू एक बेर परदा पर नजर आई. एह फिलिम में गँवई पंचायत के राजनीति आ ओकर अत्याचार देखावल गइल बा. मारधड़ से भरल एह फिलिम में मनोरंजनो भरपूर बा.
लेखक निर्देशक फिरोज खान, गीतकार अशोक सिन्हा, संगीतकार गुणवंत सेन, नृत्यनिर्देशक एफ खान, छायाकंनकर्ता फिरोज खान, आ मुख्य कलाकारन में विराज भटट, कालज रेघानी, तनु श्री, मनोज टाईगर, ब्रजेश त्रिपाठी, गिरिश शर्मा, अजय शर्मा, परवीन शेख, अनूप अरोरा, रवि सिंह वगैरह शामिल बाड़े.
(संजय भूषण पटियाला)