कइनी जिनीगिया तोहरे नाम के मुहूर्त भइल

पिछला दिने बिहार विकास ट्रस्ट के सहयोग से अनुराग मूवी के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘‘कइनी जिनीगिया तोहरे नाम’’ के मुहूर्त राज्य के ग्रामीण विकास मंत्री प्रो0 भीम सिंह क्लैप दे के आ विधायक अरूण मांझी नारियल फोड़ के पाटलीपुत्रा स्थित “घर-आंगन” में कइलन.

एह मौका पर फिल्म के नायक पंकज केसरी, नायिका अक्षरा सिंह समेत पूनम तिवारी, आनन्द मोहन, सुजीत श्रीवास्तव, मंगल कुशवाहा, श्याम बाबरा, रोनित शर्मा आ फिल्म के निर्माता निर्देशक रंजीत महापात्रा मौजूद रहले.
संगीतकार राजेश-रजनीश, गीतकार पप्पू मिश्रा, सह निर्देशक चन्दन सिंह, राजीव सान्या, नृत्य निर्देशक ऋषभ राठौर, सह निर्माता निशान्त.
शूटिंग मई महीना से बिहार के जिलन में कइल जाई.


(रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..