नयी दिल्ली, 20 फरवरी (वार्ता) कनखी मारत आ भौंह मटकावत अपना 26 सेकेंड के वीडियो क्लिप ले के सोशल मीडिया के सनसनी बन गइल मलयालम अभिनेत्री प्रिया प्रकाश वारियर के याचिका पर उच्चतम न्यायालय काल्ह सुनवाई करी.

प्रिया प्रकाश वारियर अदालत से गोहार लगवले बाड़ी कि मलयालम फिलिम ‘अरु अदार लव’ के गाना ‘माणिक्य मलराय पूवी’ का खिलाफ दर्ज प्राथमिकियन के निरस्त करावल जाय.

प्रिया का ओर से वकील हरीश बीरन मुख्य न्यायाधीश दीपक मिश्रा के अध्यक्षता वाली पीठ का सोझा मामिला के विशेष उल्लेख कइलन आ एकर जल्दी से जल्दी सुनवाई करे के निहोरा कइलन.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d