अंजली फिल्मस् इंटरटेनमेंट प्रस्तुति आ मुस्कान क्रिएशन का बैनर में बनल ‘कर्जा माटी के’ फिल्म के शूटिंग पिछला दिने सूर्वे फार्म हाउस, पनवेल में पूरा कर लिहल गइल. अब एकरा कूछ गाना के फिल्मावल बाकी रहि गइल बा.

निर्माता आर. बी शर्मा आ शबनम शेख के बनावल एह फिल्म के निर्देशक हउवें सुपरहिट निर्देशक जगदीश शर्मा हैं। निर्देशक जगदीश शर्मा आ विराज भट्ट एह फिलिम में पहिला बेर एक साथे जुटल बाड़े. फिल्म के कलाकारन में एक्शन स्टार विराज भट्ट, काव्या, संजय पाण्डेय, पुष्पा वर्मा, देव सिंह, संजय वर्मा, दीपक भाटिया, ज्योति जाटव, किरण तिवारी, ब्रजेश त्रिपाठी अउर सीमा सिंह शामिल बाड़ी. कथा-पटकथा ललित राज सैनी, संवाद ललित शुक्ला, छायांकन महेन्द्र बोरिचा, गीतकार-संगीतकार अशोक कु. दीप, नृत्य रिक्की गुप्ता, एक्शन शकील शेख के बा, फिल्म के एक्शन दृश्यन के अबहिए से बहुते चरचा होखत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: