टीवी अभिनेत्री आ गोरखपुर ग्रामीण से कांग्रेस प्रत्याशी काजल निषाद पर शनिचर का दिने हमला होखला के खबर से पूरा इलाका में सनसनी पसर गइल. काजल अपना पर भइल एह हमला के दोष बसपा प्रत्याशी रामभुआल निषाद पर लगवली आ रामभूआल के गिरफ्तारी के माँग करत सड़के पर धरना दे के बइठ गइली. तीन घंटा ले उनुका सड़क जाम का चलते गोरखपुर बनारस मार्ग पर कई किलोमीटर लमहर जाम लाग गइल बा आ पूरा प्रशासनिक अमला जुट गइल.

जानकार सगरी घटना के दोषी प्रशासन के बतावत बाड़े जे एके चौराहा, महाबीर छपरा चौराहा, पर चार गो प्रत्याशियन के सभा करे के अनुमति दे दिहलसि. बेलीपार के महाबीर छपरा चौराहा का लगे काजल निषाद आ रामभुआल निषाद के समर्थकन का बीच जम के मारपीट भइल आ दुनु फरीक एक दोसरा पर हमला करे के आरोप लगावत केस दर्ज करवले बाड़े. एह घटना से पहिले बाकी दू गो प्रत्याशी आपन सभा कर के लवट चुकल रहले आ रामभुआल निषाद के सभा चलत रहुवे. तले साँझ पौने छह बजे काजल निषाद अपना समर्थकन का साथे सभा करे चहुँप गइली. उनुकर सभा शुरू भइल त कुछ लोग रामभूआल का सभा से निकल के काजल का सभा में आवे लगले. एहपर पहिले त कहासुनी भइल बाकिर बाद में मारपीट होखे लागल. देखते देखत महाबीर छपरा चौराहा जंग के मैदान बन गइल आ कई जने घवाहिल हो गइलन. एह घटना का बाद रामभूआल अपना समर्थकन का साथे निकल गइलन बाकिर काजल अपना समर्थकन के ले के ककराखोर गांव का नियरा सड़क जाम कर दिहली. बाद में प्रशासन उनुका के समझा बुझा के जाम खतम करवलसि.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

 655 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: