Hyder-Ladaaiसिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज हैदर काजमी आपन शुरूआत त हिंदी फिलिमन से कइले रहलें बाकिर जबसे सिनेमा भोजपुरी में डेग धइले बाड़ें तबे से लगातार सफल फिलिम देत आवत बाड़ें. अब ले ‘रंगबाज’, ‘कालिया’, आ ‘बिगुल’ जइसन अनेके फिलिमन से अपना अभिनय के रंग जमा चुकल अभिनेता हैदर काजमी अब ‘लड़ाई’ आ ‘प्रतिघात’ नाम के फिलिमन में आवत बाड़ें. ‘लड़ाई’ में हैदर काजमी के मुख्य भूमिका बा, त ‘प्रतिघात’ में मेहमान भूमिका में बाड़ें. पिछला दिने हैदर काजमी से मुलाकात भइल त एह फिलिमन के अलावा अउरिओ कई मुद्दा पर बात भइल. ओही बातचीत के कुछ अंश एहिजा दिहल जात बा.

हैदर काजमी जी, आजु काल्हु रउरा ‘लड़ाई’ के बहुते चरचा बा. आखिर कइसन बा ई फिलिम आ एहमें आपके किरदार कइसन बा ?

देखीं, ‘लड़ाई’ फिलिम पूरा पूरी कामर्शियल एक्शन आ खांटी भोजपुरिया फिलिम बा. खास कर के ई दू गो हीरो के कहानी बा जे पहिले त बढ़िया दोस्त रहलें बाकिर कुछ स्थानीय मुद्दा पर दुनु के टकराव होत बा आ शुरु हो जाता एगो लड़ाई. एह में अलग से कवनो खलनायक नइखे. कहीं त एकर हीरोवे नायक आ खलनायक दुनु बाड़ें. दुनु के भूमिका शुरू में निगेटिव बा जवन बाद में पॉजिटिव हो जात बा. इहो जान जाईं कि एहमें दर्शकन के अनेके खतरनाक एक्शन स्टंट देखे के मिली.

फिल्म ‘लड़ाई’ के निर्माता-निर्देशक आ बाकी कलाकारन क बारे में कुछ ?
निर्माता हउवें के.के. तिवारी आ निर्देशक आनंद डी. गहतराज. कलाकारन में हमरा अलावे अंजना सिंह, विशाल तिवारी आ नवोदित नूरी शेख के खास भूमिका बा. फिलिम करीब पूरा हो चुकल बा आ जून जुलाई ले रिलीह होखे के उमेद बा.

हैदर जी, आप त ‘प्रतिघात’ फिलिमो में आवे वाला बानीं ?
जी, एहमें हमार भूमिका मेहमान कलाकार के बाकिर बहुते खास बा. निर्माता नीरज यादव अहिरा के एह फिलिमो के निर्देशन आनंद डी. गहतराजे के बा. एहमें हम एगो इन्स्पेक्टर के भूमिका में बानी आ फिलिम मई में रिलीज होखे वाली बा.

आनंद गहतराज के निर्देशन में लगातार दू गो फिलिमन में काम कइला के अनुभव कइसन रहल ?
बेहद लाजवाब अनुभव रहल. दरअसल, उहाँ के बहुते सुलझल हईं आ बेहद शांति से काम करीलें. उहाँ के सीनियर निर्देशक होखला का साथही राष्ट्रीय पुरस्कार से नवाजलो हईं.

आप अपना भूमिका के चुनाव कइसे करीलें ?
देखीं, हम हर तरह के भूमिका कइल ना चाहीं आ वइसने भूमिका चुनीलें जवन हमरा पर्सनेलिटी आ पसंद का हिसाब से होखे. मतलब कि जबले कवनो स्क्रिप्ट भा किरदार हमरा मन के छू ना लेव, तबले ओकरा के हम सकारी ना.

हैदर जी, ‘लड़ाई’ आ ‘प्रतिघात’ त अब रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. बाद के तइयारी का बा ?
हाल-फिलहाल त एह फिलिमन के प्रमोशन में लागल बानी. एहसे फुरसत मिली त निर्माता गोपी यादव के फिलिम ‘दुल्हिन’ के शूटिंग शुरु करब. एहमें हमरा साथे रहीहें रानी चटर्जी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

One thought on “कामर्शियल एक्शन फिलिम ह ‘लड़ाई’ – हैदर काज़मी”

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d