बरीस 1979 में आइल फिलिम जनता हवलदार के एगो गाना आजु बहुते याद आइल. ओह गीत के लिंक नीचे देले बानी. गीत के एगो पंक्ति रहुवे – हमपे इल्जाम है यह, चोर को क्यों चोर कहा काहे सही बात कही, काहे ना कुछ और कहा.

एह गीत के याद करे के मौका दिहली सदी के महानायक अमिताभ बच्चन के मेहरारु आ राज्यसभा में समाजवादी गोल के सांसद जया बच्चन. उहे जया बच्चन जे आजम खान का बगल में बइठल ठठात रहली जब आजम खान जया प्रदा के चड्ढी के रंग बतावे के दावा करत रहलें. उहे समाजवादी गोल जवना के बाप मुलायम सिंह कहले रहलें कि रेप करे वाला लइका हउवें सँ आ लइकन से गलती होईए जाला. उहे अमिताभ बच्चन जे दरगाह पर चादर चढ़ावे में आ दरगाह के चन्दा देबे में खरचा के परवाह ना करसु. जे सुशान्त सिंह के मौत – हत्या होखो भा आत्महत्या – का बारे में एगो शब्द ले ना उचार पवलें. उहे जया बच्चन जे कंगला राणावत पर होखत अन्याय पर चुप्पी सधले रहि गइली.

ओही जया बच्चन के ई बाति बहुते नागवार गुजरल बा कि लोकसभा सांसद रविकिशन बॉलीवुड में पसरल नशा का लत का खिलाफ आवाज काहे उठवलें. कहली कि जे लोग एही इंडस्ट्री से नाम आ दाम कमाइल अब एकरा के बदनाम करत बा, एकर तुलना बजबजात मोरी – गटर – से करत बा. उनुका एह बाति के घमण्ड बा कि फिलिम उद्योग लाखों लोग के रोजी रोटी देला एहसे एह उद्योग के गंदगी के चरचा सड़क बाजार पर ना होखे के चाहीं. सरकार फिलिमवालन के बचावे आ ओह लोग के रोके जे एह इंडस्ट्री के नरक साफ करे के कोशिश करत बा. भुला दिहली कि देश के लोगे ओह थरिया में खाना के परोसा देला आ देश के जनता के हित अधिका जरुरी बा.

जया बच्चन के भाषण पर रवि किशन निराशा जाहिर कइले बाड़न. कहलन कि उनुका त उमेद रहुवे कि जया जी उनुकर समर्थन करीहें. जान जाईं कि भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार का रुप में जानल जाए वाला रविकिशन केहू के दया का भरोसे नाम आ जस नइखन कमइले. ऊ अपना अदाकारी का बलबूते ई मुकाम पवले बाड़न. आ उनुका पर बॉालीवुड कबो कवनो मेहरबानी नइखे कइले.

जया के भाषण पर कंगना राणावत सवाल कइले बाड़ी कि का अगर सुशान्त का जगहा उनुका बेटा के उ हाल भइल रहीत त का तबहियों जया इहे बात कहती.

जया के भाषण में बजबजात मोरी के जिक्र एहसे आइल रहुवे कि पिछला 26 अगस्‍त के कंगना अपना ट्वीट में कहले रहली कि अगर नार्कोटिक्‍स कंट्रोल ब्‍यूरो बॉलिवुड के जांच कर लेव त पहिला पाँत में खड़ा बहुते सितारा सलाखन का पीछे हो जइहें. अगर ओह लोग के ब्‍लड टेस्‍ट होखे त चउँकावे वाला बाति सामने आईय उमीद जतवले रहली कि प्रधानमंत्री जी अपना स्‍वच्‍छ भारत मिशन का तहत बॉलिवुड जइसन बजबजात मोरिओ के साफ करइहें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d