भोजपुरी दर्शकन का दिलोदिमाग पर तीस साल से राज करत महानायक कुणाल सिंह एह घरी अभिनेत्री रिंकू घोष के तारीफ के पुल बान्हत बाड़न आ इहाँ ले कहत बाड़न कि रिंकू घोष भोजपुरी सिनेमा में पद्मा खन्ना अउर कुमकुम का तरह भोजपुरियन के दिल पर राज करत बाड़ी.

कुणाल सिंह आ रिंकू घोष ‘सईयां ड्राईवर बीबी खलासी’ में साथे काम कइले बा लोग. कुणाल सिंह के कहना बा कि एह पारिवारिक फिल्म में रिंकू घोष के भूमिका में अभिनय के पराकाष्ठा देखे के मिली. जे तरह से कुमकुम अउर पद्मा खन्ना ठेठ भोजपुरिया औरत के भूमिका निभावत दर्शकन का दिल पर राज कइल वइसने राज अब रिंकूओ घोष ‘सईयां ड्राईवर बीबी खलासी’ का बाद करीहें. रिंकू घोष जतना बेहतरीन कलाकार हई ओतने बेहतरीन नृत्यांगना, अभिनय में लाजवाब हई आ ग्लैमरस रोलो में गजब ढावेली. रिंकू के ग्लैमर कुणाल सिंह ‘नाच नचईया धूम मचईया’ में देखलें.

कुणाल सिंह के कहना बा कि ‘सईयां ड्राईवर बीबी खलासी’ केहू के मन ना तूड़ी. एह फिल्म के ट्रायल जेही देखल उहे तारीफ करत बा रिंकू के. पिछला दिने एह फिल्म के प्रमोशन खातिर रिंकू पटना गइली त ओहिजो के पत्रकार ट्रायल शो देख के रिंकू के बड़ाई कइलें. कहलें कि अईसनो पारिवारिक फिल्म बने के चाहीं भोजपुरी में.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: