कोलकाता में करावल जाई भोजपुरी सिने अवार्ड समारोह


कोलकाता 15 मार्च (वार्ता). भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार रवि किशन के कहना बा कि कोलकाता में भोजपुरी सिने अवार्ड के कार्यक्रम कइला से दर्शकन के रुझान भोजपुरी फ़िलिमन का ओर बढ़ी.

जान जाईं कि पांच मई के कोलकाता के नेताजी इनडोर स्टेडियम में भोजपुरी सिने अवार्ड के आयोजन होखे जा रहल बा.

रवि किशन बतवलें कि भोजपुरी के शो कोलकाता में होत रहेला बाकिर पहिला बेर नेताजी इनडोर स्टेडियम के विशाल मंच पर अवार्ड के बीच कलाकारन के रंगा रंग कार्यक्रम प्रस्तुति होखे वाला बा. कहलन कि कोलकाता के माटी कला क माटी ह आ एहिजा लाखों के तादाद में भोजपुरिया समाज के लोग रहेलें जो एहिया रहतो अपना माटी से जुड़ल रहेलें.

आयोजकन के धन्यवाद देत रवि किशन कहलन कि कोलकाता में एह तरह के भव्य कार्यक्रम से दर्शकन के रुझान भोजपुरी फ़िलिमन का ओर बढ़ी.

भोजपुरी के मशहूर अभिनेत्री काजल राघवानी कहली कि आमतौर पर ऊ कवनो अवार्ड समारोह में कमे शामिल होली बाकिर एहिजा सामिले होखिहें आ परफॉर्मो करीहें.

समारोह के आयोजक विकास सिंह बिरप्पन बतवलन कि ई पहिला मौका होखा जब कवनो अवार्ड समारोह में पूरा भोजपुरी जगत एके मंच पर मौजूद होखी. मनोज तिवारी, निरहुआ, पवन सिंह, खेसारी लाल यादव समेत 150 कलाकार आ तकनीशियन पांच मई का दिने कोलकाता सिने अवार्ड नाइट में शिरकत करीहें.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..