भोजपुरिया स्क्रीन के अक्षर दर अक्षर अक्षरा सिंह क नाम बतौर नायिका खूबे चमकत बा. फिल्म ‘सत्यमेव जयते’ में रवि किशन के नायिका बनिके अपना कैरियर क शुरुआत करे वाली अक्षरा सिंह आजु हर बड़का स्टार क साथे फिलिम करत बाड़ी. पवन सिंह क साथे फिल्म ‘बजरंग’ में, त दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ क साथे ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ में, आ रंगबाज हैदर काजमी क साथे फिल्म ‘कालिया’ में अक्षरा सिंह मौजूद बाड़ी नायिका बनि के.
अक्षरा सिंह निर्देशक राजकुमार पांडे क ‘सौगंध गंगा मईया के’ फिलिमो में नायिक बनल बाड़ी. एह फिल्म के शूटिंग पिछला दिनेम वाराणसी में पूरा हो गइल बा. अक्षरा फिलिम ‘बांके बिहारी’ओ में बाड़ी. भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन का साथे चार गो फिलिम, ‘सत्यमेव जयते’, ‘रामपुर का लक्ष्मण’, ‘प्राण जाई पर वचन ना जाई’ आ ‘हमार देवदास’, दे चुकल अक्षरा सिंह ठेठ बिहारी हई. हर बड़का बैनर में बतौर नायिका काम करत अक्षरा सिंह के भोजपुरी सिनेमा वर्ल्ड खूबे रास आवत बा.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)