सिनेमा भोजपुरी के नम्बर वन निर्देशक राजकुमार पांडे अपना प्रशंसकन के गोहार लगवले बाड़न कि फिलिम ‘गोला बारूद’ के उनकर निर्देशित फिलिम मत समुझे लोग. ऊ त बस एकर एगो गाना निर्देशित कइले बाड़न. राजकुमार पांडे के कहना बा कि ‘गोला बारूद’ दरअसल साल 2008 में ‘विधाता’ के नाम से देखावल जा चुकल बा आ अब ओही फिलिम के नाम बदल के देखावल जात बा. ‘विधाता’ के निर्देशन हैरी फर्नांडीज कइले रहले.

राजकुमार पांडे बतवलें कि एह फिल्म ‘गोला बारूद’ (पुरनका नाम ‘विधाता’) के निर्माता ग़लत तरीका से ‘गोला बारूद’ के पोस्टर आ कई दोसरा जगहा पर उनकर नाम देत बाड़ें जबकि ऊ सिरिफ एगो गाना निर्देशित कइले बाड़ें आ उहो दोसरा फिलिम खातिर जवना के उठा के निर्माता एह फिलिम में डाल दिहले बाड़न. राजकुमार पाण्डेय नइखन चाहत कि उनुका फिलिमन के चाहेवाला दर्शक गलतफहमी में एह फिलिम के देखे जाव.

जाने लायक बात बा कि भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन आ दिनेशलाल यादव ‘निरहुओ’ अपना प्रशंसकन से अपील कइले बाड़ें कि ‘गोला बारूद’ के ओह लोग के नया फिलिम मत समुझल जाव. ई त साल 2008 में देखावल जा चुकल फिलिम ‘विधाता’ ह जवना के नाम बदल दिहल गइल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: