भोजपुरी के नयका महाअभिनेता खेसारीलाल यादव अपना सफल फिलिमन के चौका लगा दिहले बाड़न, ई उनुकर लगातार चउथका हिट फिलिम हवे. ‘साजन चले ससुराल’ से भोजपुरी परदा पर दस्तक दिहला का बाद खेसारीलाल के ‘जान तेरे नाम’, ‘देवरा पे मनवा डोले’ जबरदस्त सफलता लिहली सँ आ अब पप्पू भाई अउर राजेश सिंह के बनावल आ अरविंद चौबे निर्देशित फिलिम ‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’ बिहार में शानदार बिजनेस करत बिया. ई खेसारीलाल के लगातार चउथकी फिलिम हवे.

खेसारी की अगली रिलीज महेश पाण्डे के ‘सपूत’ होखी. एक्शन से भरपुर ई फिलिम जल्दिए धमाल मचावे आई. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति आ मुम्बाजी आर्ट्स के बैनर तले बनल ‘सपूत’ में खेसारी लाल यादव पहिला बेर बहुते खतरनाक स्टंट्स करत लउकीहें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

 274 total views,  2 views today

By Editor

One thought on “चौका मरला का बाद खेसारीलाल सपूत में नजर अइहें”

Comments are closed.

%d bloggers like this: