केहू के सपना पूरा जाव त ऊ खुशी से नचबे करी. सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमो एह घरी खुशी से नाचत बाड़ी. सीमा सिंह के दिली तमन्ना रहल कि ऊ छठ पूजा का मौका पर बिहार के कवनो सार्वजनिक कार्यक्रम में डांस करसु. अबकी छठ पर उनकर सपना पूरा हो गइल जब सीमा सिंह दरभंगा में अपना कला के प्रदर्शन कइली.

एह मौका पर उनुका एगो फिलिम के शूटिंगो भइल. पिछला दिने सोनपुर मेला में शोभा थिएटर का मंचो पर सीमा सिंह नचले रही जवन फिलिम ‘गुलाब थियेटर’ के शूटिंग में इस्तेमाल भइल.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d