भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह के दू गो फिलिम बिहार के महान लोकपर्व छठ पूजा का मौका पर रिलीज भइल. ई रहली सँ पवन सिंह के ‘‘इंसाफ’’ आ ‘‘ट्रक ड्राईवर’’. मशहूर निर्माता अभय सिन्हा निर्मित आ अजय श्रीवास्तव निर्देशित ‘‘इंसाफ’’ में पवन गाँव के मुखिया बनल बाड़न आ उनुकर दु गो नायिका बाड़ी उर्वशी चौधरी आ कृषा खंडेलवाल. चर्चित निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के फिल्म ‘‘ट्रक ड्राईवर’’ में पवन सिंह ‘‘ट्रक ड्राईवर’’ के माथ भूमिका में बाड़न आ उनुकर नायिका बनल बाड़ी नई तारिका अंजना सिंह आ रीतिका शर्मा.
पवन के कहना बा कि दुनु फिलिमन के छठ पूजा पर टकराइल महज एगो संजोग बा. दुनु में दू तरह के भूमिका बा आ दुनु हिट होखे के पूरा उमेद बा. बतावत चलीं कि एह साल पवन सिंह के ‘‘लड़ाई लऽ अंखिया ऐ लौंडे राजा’’, ‘‘गुंडईराज’ आ ‘जंग’ बॉक्स ऑफिस पर धमाल मचा चुकल बाड़ी सँ.
(स्रोत – प्रशांत निशांत)
383 total views, 3 views today
Pawan singh jee ka jo film aa raha hai us ke baarey mein yahi kahunga ki unki film hit ho aur darshak ko pasand aaye.