आम तौर पर सांसद आ कलाकार कैमरा के सोझा रहला पर खुश होलें बाकिर जया बच्चन नाराज हो गइल बाड़ी. उनुका शिकायत बा कि मंगल का दिने जब रेखा गणेशन शपथ लेत रहली त टीवी के कैमरा पता ना कवना कारण से उनुका पर केन्द्रित रहल. उनुका पर एह मौका पर खास तौर पर फोकस कइल गइल. बतावल जात बा कि जया बच्चन एकर शिकायत दर्ज करवले बाड़ी. हालांकि राज्य सभा टीवी के आपन व्यवस्था ना रहला का चलते अबही दूर दर्शन के सेवा लिहल जाला आ कवरेज के जिम्मेदारी दूर दर्शन पर डालल जा सकेला.

ई त अबही शुरूआत बा. अबहीं त पता ना कतना शिकवा शिकायत होखे वाला बा जब दुनु जनी राज्यसभा में एक साथ जुट गइल बाड़ी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: