नक्सलियन से भलही सब लोग डेरात होखे, सीमा सिंह के कवनो डर नइखे. तबे त ऊ अपना फिल्म “रंगबाज” के प्रोमोट करे जहानाबाद चहुँप गइली आ एह नक्सल बहुल जिला में दर्शकन से रुबरु भइली आ अपना फिल्म के बखान कइली. शिवराम यादव निर्देशित आ कार्पोरेट कंपनी एसीसी डिजिटल प्रा॰लि॰ के बनावल एह फिल्म में नायक बाड़े हैदर काजमी नायिका रानी चटर्जी. सीमा सिंह के एह फिल्म में दू गो आयटम डाँस बा. एहमें से एगो गाना “हमार जवानी माँगे लें” त कमाल कर देखवले बा. मोबाइल पर एघरी ई गाना खूब डाउनलोड हो रहल बा. भोजपुरी सिनेमा के एह फिल्म से हैदर काजमी का रुप में एगो दमदार एक्टर मिले जा रहल बा. शिवराम यादव के निर्देशनो के खूबे बड़ाई हो रहल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

 317 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: