भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद एह नवरात में अठमी का दिने अपना नया फिल्म ‘‘जानवर’’ के संगीतमय शुरूआत अंधेरी के ट्रायो डीजिटल स्टुडियो में गाना रिकार्ड करवा के कइलन. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ सीता आर्टस प्रस्तुति आ कुमारी माई मूवीज के बैनर में बने जात एह फिल्म के टाइटिल भूमिका एक्शन स्टार विराज भट्ट करीहें. गीत-संगीत अशोक कु. दीप के बा.

मुहुर्त का एह मौका पर दुर्गा प्रसाद, संतोष सिंह, नीरज राज पौडेल, विपिन सिंह, देव, राजेश-पप्पू, बाला भाई, आ देवेन्द्र तिवारी वगैरह खास कर के मौजूद रहलें.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

Advertisements

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.