उत्तर प्रदेश
- अबकी होली दू दिन मनावल जाई. कुछ जगहा आजु मनावल जात बा कुछ जगहा काल्हु मनावल जाई. आप सबके होली के बधाई.
- समाजवादी पार्टी तय ना कर पवलसि कि के बनी मुख्यमंत्री. अब फैसला दस तारीख के लिहल जाई. ओकरा बाद बारह तारीख के शपथ ग्रहण होखे के बात कहल जात बा. काल्हु मुलायम सिंह आ अखिलेश सिंह राज्यपाल से मिल के सरकार बनावे के दावा पेश कइलन.
बिहार
- खेसारी आ खेसारी के दाल पर लागल रोक बिहार सरकार हटा लिहलसि. कहलसि कि बिना कवनो ठोस कारण के एकरा व्यापार पर रोक लगा दिहल गइल रहे जबकि खेती आ उपजावे पर कवनो रोक ना रहुवे.
- सारण जिला के कोपा इलाका के बँसडीला का सामने छपरा सिवान मेन रोड पर जाम लगा के जैतपुर गाँव के कुछ लोगन के फायरिंग का खिलाफ प्रदर्शन भइल. झगड़ा के शूरुआत ट्रक आ मैजिक गाड़ी के टक्कर से भइल. ओकरा बाद हर्जाना वसूले खातिर ट्रक के ड्राइवर से मारपीट कइल लोग. अगिला दिने जैतपुर के कुछ लोग आ के बँसडीला के राजू पाण्डेय का घर पर फायरिंग कइल. जाम लगावे वाला लोग एगो निजी गाड़ी पर पथराव कर के नुकसान चहुँपावल त वाहन मालिक केस कर दिहलन. एह मामिला में राजू पाण्डेय के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
- बकाया वसूल के घरे लवटत बक्सर के एगो व्यापारी वीरेन्द्र केसरी के गोली मार के मंगल का दिने लूट लिहल गइल.
देश
- कांग्रेसी नेता आ केन्द्रीय मंत्री जयन्ती नटराजन आ राजीव शुक्ला के कहना बा कि लोकसभा के मध्यावधि चुनाव के कवनो अनेसा नइखे. तृणमूल कांग्रेस के दिनेशो तिवारी के कहना इहे बा कि तृणमूल संप्रग के नाव पलटे के कवनो योजना नइखे बनवले.
- अवैध खनन माफिया मध्यप्रदेश में मोरैना जिला के बानमोर के एगो पुलिस अधिकारी के कचार के मुआ दिहले जब ऊ अधिकारी नरेन्द्र कुमर एगो ट्रैक्टर के रोकवावे के कोशिश करत रहले जवना पर अवैध खनन से निकालल गिट्टी लादल रहुवे.
- हिसार में जाट आरक्षण आंदोलन हिंसक हो गइल. सेना के मार्च करावल गइल.
- प्रकाश सिंह बादल के शिरोमणि अकाली दल के नेता चुन लिहल गइल आ अब ऊ शूक का साँझ मुख्यमंत्री पद के शपथ लीहें.
- गोवा में भाजपा गठबन्हन सरकार के शपथ ग्रहण शुक के साँझ करावल जाई, मुख्यमंत्री बनीहें मनोहर पर्रिकर.
- चेक बाउंस होखला का मामिला में चेक लिखे वाला क्रिकेटर रहल अजहरुद्दीन पर पन्द्रह लाख रुपिया जुर्माना लगावल गइल.
- उत्तराखंड में सरकार बनावे के दावा करे के फैसला लिहलसि काग्रेस. कहलसि कि ऊ सबले बड़ पार्टी बन के जीतल बिया आ ओकरा सरकार बनावे के मौका मिले के चाहीं. ओने भाजपा जोगाड़ में लागल बिया बहुमत जुटावे के. एह बीच निर्दलीय जीत के आइल विधायकन के चाँदी हो गइल बा.
दुनिया
- भारत के कहना बा कि ईरान पर हमला कइला के नतीजा बहुते भयावह होखी. भारत के ईरान नीति के अमेरिका में आलोचना होखत बा ओकरे जबाब में भारत सरकार आपन राय रखले बिया.
खेल
- राहुल द्रविड़ क्रिकेट के टेस्ट मैच खेलला से सन्यास लिहल तय कइले.
- तिसरका फाइनल मैच में आस्ट्रेलिया श्रीलंका के सोलह रन से हरा के तिकोनिया मैच शृंखला के चैंपियन बन गइल.
- आस्ट्रेलिया श्रीलंका का बीच तिसरका फाइनल आजु खेलल जाई. एहसे पहिले दुनु टीम एकहएक गो फाइनल जीतले बाड़ी सँ. तीनो फाइनल में दू गो फाइनल जीते वाला के तिकोनिया एकदिना शृंखला के विजेता मानल जाई.
- लगातार हारत क्रिकेट टीम का बावजूद भारत के क्रिकेट बोर्ड प्रसारण अधिकार के आधार दाम बढ़ा दिहलसी.
- दक्खिन अफ्रीका आ न्यूजीलैंड टीम का बीच होखत टेस्ट मैच का पहिला दिने बरखा का चलते खेल पूरा ना हो सकल. दक्खिन अफ्रीका सात विकेट का नुकसान पर १९१ रन बनवलसि.
- बुध के जारी भइल फीफा रैंकिग में भारत के १५८ वां जगहा पर राखल गइल बा.
बिजनेस
- बजट से पहिले पेट्रोल डीजल के दाम नइखे बढ़े जात.
मनोरंजन
- पुरनका जमाना के मशहूर संगीतकार रवि, जिनकर पूरा नाम रहल रविशंकर शर्मा, जे वक्त, नील कमल, चौदहवीं के चाँद, हमराज, निकाह, दो बदन, गुमराह, आनन्द मठ वगैरह फिलिमन के संगीत दिहले रहले, के काल्हु बुध का दिने मुंबई के एगो अस्पताल में निधन हो गइल. बाद में ऊ मलयालमो फिलिम के संगीत देबे लागल रहलन.
शिक्षा
- सुप्रीम कोर्ट के फैसला आइल बा कि विदेश में मौजूद कॉलेजन से मिलल मेडिकल डिग्री तबले भारत में प्रैक्टिस करे लायक ना मानल जाई जबले ऊ डिग्री ओह देश में मान्य नइखे. अगर मान्य बा त ऊ लोग भारत में स्क्रीनिंग टेस्ट दे के प्रैक्टिस कर सकेला.
- कोलकाता हाई कोर्ट कहलसि कि पश्चिमबंगाल में सगरी छात्र संघ चुनाव राज्य चुनाव आयोग का देखरेख में करवावल जाव. विद्यार्थियन के कोर्ट सलाह दिहलसि कि पढ़ाई पर ध्यान देव लोग ना कि कवनो संगठन पर जुड़ला पर.