भोजपुरी
- ट्रिनिडाड आ टोबैगो में भारत के उच्चायुक्त मलय मिश्रा के बयान पर बवाल मचल बा जवना में ऊ कहले रहलन कि अगर प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिसेस्सर अपना पुरखन के गांव भेलूपूर में हिन्दी में बोलले रहती त ओकर असर अउरी खास भइल रहीत. मलय मिश्रा कहलन कि एक लाख लोग का सोझा अंगरेजी में दिहल उनुका भाषण के हिंदी अनुवाद करके सुनावे के पड़ल. ट्रिनिडाड टोबैगो में हिंदी दिवस समारोह में बोलत मलय मिश्रा इहो कहलन कि दुर्भाग्य के बात बा कि एहिजा के गवइया हिन्दी भोजपुरी के गीत त गावेलन बाकिर ओकर मतलब ना बूझस. हालांकि कुछ लोग के इहो कहना बा कि मलय मिश्रा बिल्कुल सही बात कहलन आ हमनी के अपना पुरनियन के भाषा हिंदी, संस्कृत, भोजपुरी, उर्दू, योरुबा, चाइनीज वगैरह सीखे में आपत्ति ना होखे के चाहीं. ट्रिनिडाड टोबैगो में भोजपुरी बोले जाने समुझे वाला लोग अंगुरिये पर गिनल जाये लायक होखिहन आ भोजपुरी के बढ़ावा दिहला के जरूरत बा.
बिहार
- पथ निर्माण मंत्री नंदकिशोर यादव आजु मोतिहारी में बाईस करोड़ का लागत से बने वाला पंद्रह गो सड़क आ सात गो पुल पुलिया के शिलान्यास कइलन. कहलन कि नेपाल बोर्डर का किनारे पाँच सौ सत्तावन किलोमीटर लमहर नया सड़क बनावल जाई.
- राज्य के छत्तीस जिलन में पंचायत के खाली पड़ल तीन हजार से बेसी पद खातिर होखत उपचुनाव में प्रचार के काम आजु खतम हो गइल. अब अतवार का दिने वोट डालल जाइ. आ मत के गिनती छह फरवरी के भोरे आठ बजे से करावल जाई.
उत्तर प्रदेश
- यूपी के लोकायुक्त एन के महरोत्रा निर्वाचन आयोग से कहलन कि राज्य के विज्ञान आ टेक्नॉलाजी मंत्री अब्दुल मन्नान आ उनुका विधायक भाई अब्दुल हन्नान आ २७ गो पारिवारिक सदस्यन का खिलाफ कार्रवाई कईल जाव काहे कि एह लोग के नाम हरदोई जिला के दू गो निर्वाचन क्षेत्र के मतदाता सूची में मिलल बा.
देश
- दूरसंचार नियामक प्राधिकरण आजु टू-जी स्पैक्ट्रम नीलाम करे के प्रक्रिया के शुरूआत कर दिहलसि आ देश के २२ गो सर्किलन में नीलामी से टू-जी बैंड हासिल कर बाबत पूरा जानकारी देबे वाला दस्तावेज जारी करत सगरी फरीकन से कहसलि कि १५ फरवरी ले आपन टिप्पणी दे देव लोग.
- कांग्रेस माने के तईयार नइखे कि टूजी स्पेक्ट्रम लाइसेंस रद्द करे के सुप्रीम कोर्ट के फैसला सरकार के दोषी बनवला जइसन बा. कांग्रेंस प्रवक्ता मनु सिंघवी के कहना बा कि भाजपा मामिला के राजनीतिकरन करत बिया. ओने भाजपा नेता मुरली मनोहर जोशी कहलन कि सु्प्रीम कोर्ट के फैसला लोक लेखा समिति के सिफारिश देखावत बा आ फैसला से साबित हो गइल कि हमनी जवन कहत रहीं तवन सब सही रहे.
- आजु फेर सरकार के कोर्ट के रूख से झटका लागल जब सेना प्रमुख के जनम तिथि का विवाद में सुप्रीम कोर्ट सरकार के काम करे के प्रक्रिया पर सवाल उठवलसि. कोर्ट एटार्नी जनरल से कहलसि कि ऊ सरकार से पूछ के बतावसु कि सरकार आपन तीस दिसंबर वाला फैसला वापिस ली कि ना. अगिला सुनवाई दस तारीख के होखी.
- केन्द्र में नागरिक विमानन मंत्री रहल प्रफुल्ल पटेल पर भारतीय मूल के एगो कनाडाई कारोबारी से करीब एक करोड़ रुपिया घूस लेबे के आरोप ओहिजा के एगोबड़हन अखबार लगवले बा. प्रफु्ल्ल पटेल एह आरोप के गलत आ बेबुनियाद बतवलन.
- मणिपुर में काल्हु ३४ गो मतदान केन्द्रों पर दुबारा मतदान करावल जाई.
दुनिया
- पिछला एक हफ्ता से पड़त कड़ाका के ठंडक से युक्रेन में १०१ लोग के मौत हो गइल बा.
मनोरंजन
- मशहूर वन्य जीवन संरक्षक आ फिल्म निर्माता माईक पांडेय के आजु वी.शांताराम लाइफ टाइम अचीवमेंट अवॉर्ड से सम्मानित कइल गइल. डॉक्यूमेंट्री, छोटहन आ एनीमेशन फिलिमन के बारहवाँ मुंबई अंतरराष्ट्रीय फिल्मोत्सव के उद्घाटन समारोह में महाराष्ट्र के राज्यपाल के.शंकरनारायणन उनुका के प्रशस्ति-पत्र, ट्रॉफी आ पांच लाख रुपिया के नकद पुरस्कार दिहलन.
बिजनेस
- शुक का दिने लगातार चउथका दिने मुम्बई शेयर बाजार में तेजी रहल आ सूचकांक १७३ अंक ऊपर उठ के १७ हजार ६०५ पर बंद भइल.
- शुक का दिने रूपया डालर के मुकाबले ४६ पैसे अउरी मजबूत भइल. अब एक डालर के दाम ४८ रूपिया ६९ पइसा रह गइल बा.
- सोना के दाम में ११० रूपिया के बढ़ोतरी का बाद दिल्ली में सोना २८ हजार ६४० रूपिया प्रति दसग्राम हो गइल. चांदीओ के दाम में १०४० रूपिया के उछाल आइल.
- भूटान के निर्यात होखे वाला जरूरी चीजन पर सगरी प्रतिबंध भारत हटा लिहलसि आ दूध पावडर, गेहूं, तेल, दाल, बासमति चाउर वगैरह भेजे के छूट दे दिहलसि.
li>भारत आ पुर्तगाल अक्षय ऊर्जा के क्षेत्र में सहयोग बढावे के फैसला कइले.
खेल
- मेलबर्न में भइल दुसरका बीसबीसा मैच में भारत ऑस्ट्रेलिया के ८ विकेट से हराके दू मैचन के श्रृंखला एकहएक का बरोबरी पर खतम कइलसि. क्रिकेट के तीनों प्रारूप मिला के लगातार १५ गो मैच हरला का बाद टीम इंडिया कवनो मैच जीत पवलसि.
- चीन के शेनझेन में फेड कप टेनिस एशिया-ओसनिया जोन ग्रुप-दो के पूल-बी के मुकाबले में आजु राष्ट्रीय चैंपियन ऋतुजा भोंसले अउर सानिया मिर्जा के दमदार खेल से भारत फिलीपींस के २-१ से हराके पूल बी में माथ पर चहुँप गइल. अब काल्हु भारत के मुकाबला पूल-ए के माथ टीम हांगकांग से होखी.