शिक्षा रोजगार
- यूपी के प्राथमिक शिक्षा मंत्री रामगोविन्द चौधरी कहलन कि गरीब विद्यार्थियन के प्रवेश ना देबे वाला स्कूलन के मान्यता रद्द कर दिहल जाई.
- आजु उत्तर प्रदेश में बीएड के संयुक्त प्रवेश परीक्षा होखे वाला बा. परीक्षा केन्द्र का पाँच सौ मीटर का दायरा में कवनो फोटो कापी, पीसीओ भा फैक्स के दूकान ना खुली.
- बिहार बोर्ड से मैट्रिक भा इंटर के परीक्षा देबे वाला परीक्षार्थी अगर चहीहें त अपना उत्तरपुस्तिका के फोटो कॉपी माँग सकेले आ नंबर मिले में भइल कवनो गड़बड़ी पर आपन शिकायत दर्ज करा सकेलें. एह नियम के फायदा एह साल के परीक्षार्थी ले सकेलें.
- छपरा इंजीनियरिंग कॉलेज में एह साल से पढ़ाई शुरु हो जाई. कॉलेज सगरी मानक पूरा कर लिहले बावे.
उत्तर प्रदेश
- शिवपाल सिंह यादव कहलन कि मायावती सरकार का दौरान भइल घपला घोटाला के जाँच करावल जाई.
- मुख्यमंत्री के जनता दरबार अब हर महीना पहिला आ तीसरा बुध का दिन होखल करी. एह दरबार में भोर में आठ बजे से दस बजे ले दू घंटा जनता आपन फरियाद मुख्यमंत्री के सुना सकी.
- बलिया के देवस्थली विद्यालय परिसर में प्रधानमंत्री रहल चन्द्रशेखर के मुर्ति के अनावरण सेना प्रमुख वीके सिंह कइलन. प्रतिमा अष्टधातु के ह. एह दौरान समाजवादी पार्टी के सांसद नीरज शेखर, बसपा के विधानपार्षद रविशंकर सिंह पप्पू आ चन्द्रशेखर के भाई कृपाशंकर सिंह मौजूद रहले.
- आजम खान आरोप लगवले कि टीम अन्ना आरएसएस का हाथे खेलत बिया.
बिहार
- सोलह मई के होखे वाला निकाय चुनाव के सरगर्मी जोर पर बा. अबहीले करीब साढ़े तीन हजार लोग आपन परचा दाखिल कर चुकल बा.
- पूर्वी चंपारण के पिपरा इलाका के महुआवा गाँव में बिजली के तार गिरला से बीस गो घर जर गइल आ कई लाख के संपति बरबाद हो गइल.
- सासाराम के खंडा में एगो ईट भट्ठा मालिक आ मजदूरन के नशा खिआ के बेहोश कर के कुछ बदमाश ट्रैक्टर ले के भाग गइले.
देश
- छत्तीसगढ़ पुलिस के कहना बा कि जानकारी मिलल बा कि अपहृत सुकमा जिला कलेक्टर एलेक्स पॉल मेनन सुरक्षित बाड़न. उनुका के रिहा करे से पहिले नक्सली अपना आठ गो साथियन के रिहाई मंगले बाड़न स.
- ओडिशा के अपहृत विधायक के रिहाई के मामिला में कवनो नया प्रगति नइखे भइल.
- राकांपा नेता शरद पवार कहलन कि अगिला विधानसभा आ लोकसभा चुनाव में उनुका पार्टी के कांग्रेस से गठबन्हन जारी रही.
- गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के्न्द्र पर आरोप लगवलन कि अन्य पिछड़ा वर्ग के कोटे से अल्पसंख्यकन के चार फीसदी आरक्षण दिहल अन्याय बा.
दुनिया
- पाकिस्तान के खैबर में आतंकवादी दू गो स्कूल आ एगो अस्पताल के बम से उड़ा दिहले. हालांकि कवनो जान जाए के खबर नइखे.
- इजरायल सेना प्रमुख कहलन कि इरान के परमाणु प्रतिष्ठानन पर हमला करे खातिर सेना तइयार बिया आ आदेश मिलते हमला कर दिहल जाई.
- इराक के प्रधानंमत्री दू दिन के दौरा पर इरान चहुँपले जहाँ दुनु देश के माथ नेतृत्व का बीच राजनीतिक आ आर्थिक मुद्दन पर बातचीत होखी.
- बांगला देश में विपक्षी बीएनपी के गोहार पर अतवार का दिने हड़ताल रहल.
- फ्रांस में काल्हु अतवार का दिने राष्ट्रपति चुनाव के पहिला दौर के मतदान करावल गइल. एह में अंदाजा लगावल जात बा कि मौजूदा राष्ट्रपति सरकोजी पीछे चलत बाड़न
बिजनेस
- अमेरिका में प्रणव मुखर्जी दावा कइलन कि भारत में एगो मजगर प्रभावी आ सभका मंजूर प्रधानमंत्री बाड़न आ नेतृत्व कतहीं से कमजोर नइखे.
- बीस गो आर्थिक रूप से मजबूत देशन के समूह जी ट्वेंटी अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष खातिर चार सौ तीस बिलियन डॉलर देबे के फैसला कइलसि.
- मार्च में पूरा भइल साल के आखिरी तिमाही में रिलायंस इंडस्ट्रीज के मुनाफा में इकइस फीसदी के कमी आइल बा.
खेल
- सौम्यजीत घोष आ अंकिता दास लंदन ओलम्पिक के टेबल टेनिस प्रतियोगिता खातिर क्वालिफाई कर गइले.
- आईपीएल बीसबीसा में किंग्स इलेवन पंजाब मुंबई इंडियंस के छह विकेट से हरा दिहलसि.
मनोरंजन
- सोनी टीवी पर राष्ट्रीय पुरस्कार जीत चुकल फिल्म दि डर्टी पिक्चर के प्रसारण आखिरी समय में रोक दिहल गइल. मंत्रालय निर्देश दिहलसि कि अगर देखावहीं के बा त देर रात में देखावल जाव. पहिले एकरा के दिन में बारह बजे से आ फेर दोसरा हाली रात में आठ बजे से देखावे के एलान भइल रहुवे.