आजु के फोटो

(तेइस जनवरी का दिने दिल्ली का राजपथ पर गणतंत्र दिवस परेड के रिहर्सल में निकलल बिहार के झाँकी. )
बिहार के खबर

  • ‘आर्ट आफ लीविंग’ के संस्थापक आ आध्यात्मिक गुरु श्री श्री रविशंकर अतवार का दिने पटना में नक्सलियन से हिंसा छोड़े के निहोरा कइलन.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • कांग्रेस महासिचव दिग्विजय सिंह सोमार का दिने कहलन कि अल्पसंख्यक शिक्षण संस्थानन पर शिक्षा के अधिकार कानून लागू ना होखे देबे खातिर केंद्र सरकार जल्दिये फैसला ले सकेले.
  • साल 2008 में भइल मालेगांव विस्फोट के आरोपी मेजर (सेवानिवृत्त) रमेश उपाध्याय बलिया जिला के बैरिया निर्वाचन क्षेत्र से चुनाव लड़ीहे.
  • पहिला दौर के मतदान में अब कुल 867 उम्मीदवार मैदान में रह गइले जब सोमार का दिने 66 जने आपन नाम वापिस ले लिहले.एह दौर के मतदान 8 फरवरी के होखेवाला बा.
  • भाजपा नेता कलराज मिश्रा कहलन कि सपा, बसपा आ कांग्रेस के तुष्टीकरण नीति से देश के फेरु बँटवारा हो सकेला.
  • एनआरएचएम घोटाला में संदेह में आइल जल निगम के अधिकारी सुनील वर्मा सोमार का दिने अपना लखनऊ आवास में गोली मार के खुदकुशी कर लिहलन. एह घोटाला में ई चउथका मौत भइल बा.
  • सोनभद्र में मुठभेड़ का बाद एगो नक्सली कमांडर के गिरफ्तार कर लिहल गइल बाकिर ओकर पाँच गो साथी भाग गइले.
  • भाजपा प्रवक्ता रविशंकर प्रसाद कहलन कि राजनाथ सिंह के बेटा पंकज सिंह के सक्रियता का चलते राज्य इकाई के महामंत्री बनावल गइल बा.
  • गोसाईगंज पुलिस अमेठी में एगो आदमी के साढ़े नौ लाख नगद रुपिया के साथे गिरफ्तारकर लिहलसि.
  • मौनी अमावस्या का दिने दुनिया के सबले घन आबादी वाला शहर बन गइल इलाहाबाद जब करीब अस्सी लाख लोग संगम पर डुबकी लगावे जुटल.

देश के खबर

  • 25 जनवरी को देशभर में राष्ट्रीय मतदाता दिवस मनावल जाई. ई शुरुआत पिछला साल से भइल बा.
  • रुश्दी का वीडियो कान्फ्रेंसो पर राजस्थान सरकार रोक लगा दिहलसि.
  • पश्चिम बंगाल के राज्यपाल मनलन कि बंगाल के किसान करजा से कचराइल बाड़े.
  • जूता पड़े वाला लोग का सूची में अब राहुलो गाँधी के नाम जोड़ा गइल जब देहरादूने में उनुका सभा में उनुका तरफ जूता फेंकल गइल.
  • दिल्ली हवाईअड्डा पर 200 ग्राम कोकीन का साथे एगो अफ्रीकी के गिरफ्तार कर लिहल गइल. ऊ अपना जूता में ई कोकीन लुकवले रहुवे.
  • मध्य प्रदेश के बालाघाट में पांच गो बदमाश एगो नाबालिग लड़की से सामूहिक बलात्कार करत एमएमएस बना लिहले सँ. दू गो के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा बाकी फरार बाड़े सँ.
  • आजु नेता जी के जनम दिन पर पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी उनुका लमहर उमिर के कामना कइली आ उनुका मौत के रहस्य के राष्ट्रीय शर्म बतवली.
  • थाई प्रधानमंत्री यंगलक शिवानात्रा होखीहन गणतंत्र दिवस समारोह के मुख्य अतिथि.
  • गणतंत्र दिवस पर सुरक्षा कारण से कुछ मेट्रो स्टेशनन के बंद राखल जाई.
  • पंजाब में चोरी में पकड़ाइल एगो औरत के पुलिसिया पिटाई के जाँच करे के आदेश दिहलसि राज्य मानवाधिकार आयोग.
  • राज्य के पहिलका महिला थाना के उद्घाटन नीतीश कुमार बिहारशरीफ में कइले.
  • रूस परमाणु हथियार ले जाये वाली के-152 नेरपा पनडुब्बी भारतीय नौ सेना के आजु सँउप दिहलसि.
  • यूपी में सपा का बाद अब पंजाब में अकाली दल विद्यार्थियन के लैपटाप आ डाटा कार्ड देबे के एलान कइलसि.
  • एगो टीवी चैनल के औपिनियन पोल में अन्दाज लगावल गइल बा कि उत्तराखंड में भाजपा जीत जाई बाकिर पंजाब में कांग्रेस फायदा में रही.

दुनिया के खबर

  • इराक में सद्दाम हुसेन के कब्र पर गइल रोक दिहल गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • पाकिस्तान के चावल उत्पादक नइखन चाहत कि बासमती चावल भारत के बेचल जाव. ओह लोग के डर बा कि तब भारत एकर अंतर्राष्ट्रीय दाम तय करे लायक बन जाई आ फेर पाकिस्तानी बासमती के अपना दाम पर दुनिया के निर्यात कर दी.
  • रिजर्व बैंक संकेत दिहलसि कि ऊ नीतिगत दर में कवनो कटौती ना करी.
  • डीन मैककमिस्के बीएई सिस्ट्म्स के भारत में प्रमुख बनावल गइले. उनुकर बहाली मार्च से लागू होखी.
  • रिजर्व बैंक अनेसा जतवलसि कि देश के आर्थिक विकास दर अनुमान से कम रह सकेला.
  • शेयर बाजार में सोमार का दिने मिलल-जुलल रुख रहल.
  • आइडिया सेल्युलर के तिसरका तिमाही में शुद्ध लाभ घटल.
  • एलएंडटी के शुद्ध लाभ में 18 फीसदी के बढ़ोतरी.
  • मारुति सुजुकी के शुद्ध लाभ में 64 फीसदी घट गइल.
  • एनएमडीसी छत्तीसगढ़ से आपूर्ति शुरू कर दिहलसि.
  • पीएनबी के कुल कारोबार 6.21 लाख करोड़ रुपिया के हो गइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अन्ना हजारे काल्हु मंगल का दिने अक्षय कुमार के फिल्म गली गली में चोर है अपना गाँवे में देखीहें.
  • अभिनेता शाहिद कपूर के कहना बा कि एह घरी उनुका लगे कवनो काम नइखे आ ऊ बेरोजगार बन गइल बाड़न.

खेल के खबर

  • सचिन तेंदुलकर के साल 2002 में अगवा करे के साजिश बनावे वालन में से छह गो जिहाद-अल-इस्लामी आतंकवादियन के दिल्ली हाई कोर्ट आठ साल के जेल के सजा सुनवलसि.
  • आस्ट्रेलिया दौरा पर जायेवाली श्रीलंकन टीम के कप्तान चुनइले माहेला जयवर्धने.
  • आस्ट्रेलियाई कप्ताम माइकल क्लार्क के कहना बा कि उनुकर देश मैच जीते खातिर पिच से छेड़छाड़ ना करे आ भारत के आरोप गलत बा.
  • आस्ट्रेलियन ओपन में भारत के सानिया मिर्जा आ रूस के एलेना वेस्नीना के जोड़ी युगल स्पर्धा के क्वार्टर फाइनल में चहुँपल. मिश्रित युगल में सानिया आ महेश भूपति अउर रोहन बोपन्ना आ अमेरिका के लिजा रेमंड के जोड़ीओ तिसरका दौर में जगह बनवलसि.
  • रणजी ट्रॉफी के फाइनल मैच ड्रा हो गइल बाकिर राजस्थान टीम आपन खिताब पहिला पारी का आधार पर बचा लिहलसि आ दुसरका बेर चैंपियन बन गइल.
  • एडिलेड टेस्ट में भारतीय टीम आपन लाज बचावे खातिर खेली अइसन उमीद कइल जा सकेला.
  • टेस्ट में खराब प्रदर्शन का बावजूद एकदिना रेटिंग में भारत फेर दुसरका जगहा पर आ गइल जब श्रीलंका दुसरका जगहा से नीचे आ गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: