वसुंधरा मोशन पिक्चर्स के भोजपुरी फिलिम ‘प्रोडक्शन नं. 2’ के शुभ मुहूर्त हालही में मुम्बई के एम फोर यू स्टूडियो में बहुते धूमधाम से कइल गइल. निर्माता सुधीर सिंह आ निर्देशक सुजीत कुमार के एह फिलिम में पवन सिंह मुख्य भूमिका में बाड़न. संगीतकार बाड़न अविनाश झा घुँघुरु, गीतकार मनोज मतलबी आ आजाद सिंह. एह फिलिम के खास किरदार निभवले बाड़न पवन सिंह, सुशील सिंह, उमेश सिंह, बृजेश त्रिपाठी, बालगोविन्द बंजारा वगैरह.
जाने जोग बा कि वसुंधरा मोशन पिक्चर्स के पहिलका भोजपुरी फ़िलिम ‘हमार भोजपुरिया राजा’ के शूटिंग उत्तर प्रदेश के खूबसूरत जगहन पर भइल बा. आ अब दुसरकी फिलिम के शुरुआत होखल बा. एकोर शूटिंग लखनऊ के रमणीय जगहन पर सितंबर से शुरू होखी.
भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल निर्देशक दिनेश यादव आ निर्माता रमाशंकर प्रजापति के नइकी फिलिम ‘शिवरक्षक’ के डबिंग के काम मुंबई में शुरु हो गइल बा. एह फिलिम से निसार खान के लांच कइल जा रहल बा. मशहूर नायिका रानी चटर्जी के उनकर जोड़ीदार बनावल गइल बा. खास खास कलाकारन में संजय पांडे, अनुप अरोड़ा, दिलीप सिन्हा, सीमा सिंह, अयाज खान, किरण पांडे, दिनेश यादव, रश्मी शर्मा, अरविन्द तिवारी, अपर्णा,सरीन अउर अनारा गुप्ता के नाम शामिल बा. फिलिम के कथा पटकथा आ संवाद खुद दिनेश यादव लिखले बाड़न, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी आ रिक्की गुप्ता, कैमरा मैन फिरोज खान, गीतकार प्यारे लाल यादव कवि, अरविन्द तिवारी अउर आजाद सिंह, आ संगीतकार बाड़न अविनाश झा घूुंघरू.
जानल मानल निर्माता निर्देशक जगदीश शर्मा के नइकी भोजपुरी फिलिम ‘लागी नाही छुटे रामा’ बिहार में शानदार ५० दिन पूरा क लिहलसि. एह पारिवारिक फिलिम के दर्शक खूबे पसंद करत बाड़न आ सिनेमाहाल पर निकहा भीड़ जुटत बा. डेविड धवन स्टाईल के कामेडी आ राजश्री प्रोडक्शन स्टाइल के पारिवारिक फिलिम में बहुते कुछ बा जे देखेवालन के मरम छूवत बा आ सोचे पर मजबूरो करत बा कि घर में आवे वाली बहू फूल होले आ अपना ससुराल के बगिया बना देले.
पवन सिंह आ काव्या के मुख्य जोड़ी वाली ई फिलिम रिलीज का पहिलही से चरचा में रहुवे. आशु निहलानी आ राज लालचंदानी के परोसल एह फिलिम के बैनर क्राउन फिल्म्स आ जगदीश शर्मा प्रोडक्शन के बा. कहानी आ संवाद के.मनोज सिंह के, संगीत घुंघरू के, गीत प्यारेलाल कवि, अरविन्द तिवारी आ आजाद सिंह के, मारधाड़ निर्देशन हीरा यादव के, आ ड्रेस डिजाईनिंग बादशाह खान के बावे. कलाकारन में पवन सिंह आ काव्या का अलावे प्रियंका पंडित, कुनाल सिंह, ब्रिजेश त्रिपाठी, संजय वर्मा, हीरा आ नीरज बादशाह के नाम खास बा.
भोजपुरी सिनेमा के बड़का स्टारन में माथ पर बइठल खेसारीलाल यादव के अबकी का ईद पर शानदार ईदी मिलल बा दर्शकन से. एह मौका पर रिलीज खेसारीलाल यादव के फिलिम ‘इंतकाम’ सगरी बिहार में कामयाबी के परचम लहरवले बिया. एह फिलिम में खेसारी के किरदार आफताब के सभे सराहत बा. एह फिलिम के सफलता से खुश खेसारी आजुकाल्ह ‘प्रेम रोग’ में अझुराइल बाड़न जबकि उनकर ‘जानम’ रिलीज के तिकवत बिया.- भोजपुरी सेिनेमा के चचित निर्देशक रविसिन्हा आ जानल मानल फिल्म फाईनेंस कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट अउर विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल के नइकी भोजपुरी फिलिम ‘इंतकाम’ बिहार में जबरदस्त सफलता हासिल कइले बिया. एह में खेसारी लाल यादव, विराज भट्ट आ पूनम दुबे अउर काजल राघवानी का साथे साथ अवधेशो मिश्रा के खास भूमिका बा. एगो नया अभिनेत्री प्रिया के एही फिलिम से लांच कइल गइल बा. बनवले बाड़ी रेखा सिन्हा आ सह निर्माता हउवें सुनील चौबे, ओमप्रकाश वी शर्मा, सुमन वर्मा अउर दिवाकर मिश्रा. संगीत घुंघरू के, गीतकार प्यारे लाल यादव कवि, आजाद सिंह अउर अरविन्द तिवारी के, कहानी राजेश पांडे के कैमरा संचालन एस जहांगीर के, संपादन गोविन्द दुबे के, मारधाड़ निर्देशन इकबाल सुलेमान के नृत्य निर्देशन पप्पू खन्ना के बा. सीमा सिंह के आयटम एकर सबले प्लस प्याईंट बा.
बिहार विधानसभा के चुनाव जब होखी तब होखी. विधायक जी चउदहे अगस्त के आ जइहें.
मुंबई में सफलता के डंका पीट लिहले भोजपुरी फिलिम ‘विधायक जी’ के आगम बिहार में 14 तारीख के होखे वाला बा. विधायक जी के लोकप्रियता देखत एके साथ 100 गो सिनेमाघर में एकरा के रिलीज कइल जाई. राजनीति आ राजनेतन के हाल बतावत देखावत एह फिलिम में नायक राकेश मिश्र आ नायिका अनामिका पांडेय का साथे प्रिया शर्मा, रंजीत सिंह, सोनिया मिश्रा, मनोज माहेश्वर, बबलू गुप्ता, रानू पांडे, उल्हास कुंदर, डांसिंग क्वीन सीमा सिंह, सनी सिंह, रानू पांडे, पूर्णिमा बहल, राजू सिंह माही, अनुप लोटा, स्वीटी सिंह आ अभय राय एहमे अपना अभिनय के जलवा देखवले बाड़े.
इंद्रा फिल्म्स इंटरनेशनल, राजपूत फिल्म्स फैक्ट्री, शोभा फिल्म्स आ संदीप तिवारी फिल्म्स के बैनर में बनल एह फिलिम के निर्माता संजय सिंह राजपूत आ भुपेन्द्र विजय सिंह, बबलू गुप्ता आ संदीप तिवारी, सहयोगी निर्माता सतीश सिंह, आ निर्देशक शम्मी तिवारी हउवें. कहानी असलम शेख के लिखल आ पटकथा अउर संवाद नन्हे पांडे के लिखल ह. संगीत धनन्जय मिश्रा अउर ओम झा के, गीत विनय विहारी अउऱ आजाद सिंह के नृत्य निर्देशन रिक्की गुप्ता आ अंथोनी के, मारधाड़ निर्देशन शहाबुद्दीन के, कैमरा सचालन अजय नारकर के, आ कला निर्देशन राजेश पांडे के हवे, लाईन प्रोड्यूसर रहलन रवि सिंह राजपूत.