निर्माता शादाब सिद्दीकी आ निर्देशक साहिल सन्नी के आवे वाली फिलिम बेवफा सनम खातिर मुख्य नायिका का रूप में साइन कइल गइल बा अर्चना प्रजापति के. हिन्दी वीडियो अलबमन आ माडलिंग में आपन जलवा देखा चुकल अर्चना प्रजापति भोजपुरी सिनेमा के नयकी सनसनी बन जइहें एह फिलिम का बाद.
रक्षा बंधन का मौका पर बिहार में रिलीज होखे वाली आदिशक्ति इंटरटेनमेंट के भोजपुरी फिलिम जानम में दर्शक लोग देखीहें पलक तिवारी के जलवा. एकरा के एके साथ सौ से बेसी सिनेमाघर में रिलीज कइल जाई. निर्माता दुर्गा प्रसाद आ अनुज कुमार के एह भोजपुरी फिलिम में खेसारी लाल यादव, रानी चटर्जी, विराज भट्ट अउर पूनम दुबे के खास भूमिका बा. फिलिम के निर्दशक हउवें अजय झा आ संगीतकार अविनाश झा घुंघरू.
अंडरवर्ल्ड पर बनल हिन्दी फिल्म पथ से रातो रात चर्चा में आइल निर्देशक शिवराम यादव एगो नया भोजपुरी फिलिम साइन कइले बाड़न. बैरागी आर्ट्स के दुसरका फिलिम खातिर बतौर निर्देशक लीहल गइल बाड़े शिवराम यादव. निर्माता हउवें मुकेश कुमार बैरागी. कंटेट प्रधान ई फिलिम मौजूदा राजनीति पर तंज करे वाली बा.
आरा के मोहनपुर गाँव के राकेश मिश्रा गायक से नायक बनत भोजपुरी सिनेमा में अइलें आ सफलता हासिल करे लगलें. अब उनकर तीन गो फिलिम आवे वाला बा – तीन बुड़बक, जान कह दा न आई लव यू, अउर बरसात.