मुंबई 08 जून (वार्ता) टीवी के जानल मानल अभिनेत्री आकांक्षा अवस्थी अब भोजपुरी सिनेमा में डेग धरे जात बाड़ी.
उतरन, राजा की आयेगी बारात, खेल किस्मत समेत कई टीवी सीरियलन में अपना अभिनय के जौहर देखा चुकल आकांक्षा अवस्थी ‘दबंग सरकार’ का जरिये भोजपुरी सिनेमा में डेब्यू करे जात बाड़ी. फिलिम में उनुकर जोड़ी खेसारी लाल यादव के साथे लगावल गइल बा.
आकांक्षा बतावत बाड़ी कि एह फिलिम – दबंग सरकार – में ऊ एगो मास्टरनी के किरदार में नजर अइहें जे गरीब बचवन के पढ़ावेली.
आकांक्षा कहली कि खेसारीलाल यादव का साथे ई उनुकर पहिला फिलिम होखी आ पहिला बेर उनुका साथे काम करे में उनुका बहुता डर लागल रहुवे. बाकिर खेसारी लाल का साथे काम कइला का अनुभव बहुते नीक रहल.
दबंग सरकार फिलिम ला खेसारी लाल यादव बहुते मेहनत कइले बाड़न आ अपना नया लुक खातिर ऊ आपन वजन घटवले आ सिक्स एब्स बनवलें. एह फिलिम में उनुकर किरदार लीक से हटके बा.
‘दबंग सरकार’ एगो अलगे तरह के फिलिम बावे जवना के डायलॉग, म्यूजिक, एक्शन पर बहुते बारीकी से काम कइल गइल बा. फिलिम बहुते बढ़िया बनल बा आ वइसने बनल बा जइसन फिलिम देखे वाला पसन्द करेलें.
अपना बारे में आकांक्षा कहली कि ऊ कई एक हिंदी टीवी सीरियल में काम क चुकल बाड़ी आ लगभग 10 बरीस से एक्टिंग करत बाड़ी. कहली कि लख्ननऊ से मुंबई एक्टिंग करे ना आइल रही बाकिर मजाके-मजाक में एगो ऑडिसन दिहली त ओही में चुना गइनी.
कहली कि भोजपुरी फिलिम ‘दबंग सरकार’ ला ऊ आपन वजन दस किला बढ़वले बाड़ी. आ शूटिंग का दौरान अपना साथी स्टार खेसारी लाल यादव से बहुते कुछ सीखली.