पटना 26 फरवरी (वार्ता). बिहार समेत दुनिया के कईएक देशन में बोलल जाए वाली भोजपुरी भाषा के मिठास के जादू हरियाणा के मशहूर डांसर आ रियलिटी शो ‘बिग बॉस’ फेम सपनो चौधरी पर चल गइल बा.

एगो कार्यक्रम में शामिल होखे ला पहिला बेर पटना चहुंपल सपना चौधरी कहतारी कि , “भोजपुरी भाषा बहुते मीठी ह. हमरा भोजपुरी आवे त ना, बाकिर सीखे में लागल बानी. भोजपुरी सीखे में हमरा बहुते मजा आ रहल बा.”

हरियाणवी सिंगर सपना चौधरी एह घरी लगातार सुर्खियन में बाड़ी. पहिले बिग बॉस फेरु बॉलीवुड फिलिमन के मिलत ऑफर्स का बाद हाल ही में फिलिम ‘वीरे की वेडिंग’ में गावल उनुकर गाना ‘हट जा ताऊ’ लोग के जुबान पर चढ़ चुकल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d