(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अँजोरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी)

हाल का दिनन में शमशान में ड्रोन उड़ा के खींचल हिन्दूवन के जरत लाशन के फोटो खींच के चरचा में आइल जामिया मिलिया से स्नातक के पढ़ाई करे वाला मुसलमान फोटाग्राफर दानिश सिद्दीकी के अफगानिस्तान में तालिबानी मार दिहलें सँ. ट्वीटर पर एह फोटोग्राफर के लाश के एगो फोटो पसरल बा. दावा से नइखे कहल जा सकत कि ऊ फोटो दानिशे के ह कि ना बाकिर जवना तरह लिब्रांडु ओह फोटो के पसार रोके ला निहोरा करत बाड़ें तवना से इहे लागत बा कि ऊ फोटो दानिशे क हवे जवना के तालिबानी कुकुर के मौत दे दिहले सँ. बाकिर कवनो लिब्रांडु गलतियो से तालिबान के नाम नइखन लेत सँ.
कहल जात बा कि दानिश के लाश रेडक्रास के दे दिहले बाड़ें स तालिबानी आ भारतीय चूतावास भारत के छवि खराब करे वाला एह फोटोग्राफर के लाश भारत ले आवे के कोशिश में बावे.
कंधार के स्पिन बोलदाक जिला में अफगान सुरक्षा बल आ तालिबानियन का बीच होखत लड़ाई के फोटो खींचे गइल रहलन दानिश जिनका के उनुका भारत आ हिन्दू विरोधी रुख वाला फोटोग्राफर होखला का चलते कई गो पुरस्कारो मिलल रहुवे.
फोटो स्रोत –

पत्रकारिता का पुरा जीवन हिंदुओं को फ़ासिस्ट साबित करने में बीता दिया, और जब असली फासिज्म से जब सामना हुआ तो , विनम्र श्रद्धांजलि नमन्। फासिस्ट की परिभाषा?? ब्लू टिक वाले अज्ञात वित्तीय सहायता वाले, परिभाषित करेगें।खैर काशी में मत्यु भी उत्सव है! pic.twitter.com/gbfAhszbTS— डाॅ अवनीन्द्र राय (@avanindra43) July 16, 2021

सुने में आवत बा कि पंजाब के मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिंदर सिंह सोनिया गाँधी के चिट्ठी लिख के कांग्रेस आलाकमान के धिरवले बाड़न कि पंजाब के राजनीति में आलाकमान के बेजा दखलंदाजी से होखे वाला नुकसान के भरपाई ना हो पाई. ऊ सिद्धू के प्रदेश अध्यक्ष बनावल जाए का अनेसा से नाराज बाड़न.

एह साल होखे जा रहल बीसबीसा विश्व कप खातिर बनावल गइल ग्रुपन में भारत आ पाकिस्तान के एके ग्रुप में राखल गइल बा एहसे क्रिकेट प्रेमी निराश हो सकेलें काहें कि एह दुनु का बीच फाइनल देखे के मौका मिले के बहुते कम संभावना रही. अगर लीग अंक से ई दुनु अपना ग्रुप में नं एक आ दू पर अइहें त दुनु के दोसरका ग्रुप के टीम से सेमीफाइनल खेले के मिल सकेला. आ दुनु का बीच फाइनल मुकाबला ओही हालत में होई जब दूनु आपन सेमीफाइनल जीत जइहें.
भारत, पाकिस्तान, न्यूज़ीलैंड, अफगानिस्तान, आ दू गो क्वालीफायर टीमन के एक ग्रुप में आ इंग्लैंड, ऑस्ट्रेलिया, दक्षिण अफ्रीका, वेस्ट इंडीज आ दू गो क्वालीफायर टीमन के दोसरका ग्रुप में राखल गइल बा.

मशहूर अभिनेत्री आ राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार विजेता सुरेखा सीकरी के काल्हु लमहर बीमारी का बाद काल्हु शुक का दिने 75 बरीस का उमिर में दिल का दौरा पड़ला से मुंबई में निधन हो गइल बा. उनुकर जनम उत्तर प्रदेश में भइल रहुवे.

एगो नया ऊँचाई छुअला का बाद होखे वाला मुनाफावसुली का चलते काल्हु देश के शेयर बाजार मामूली गिरावट ले के बंद भइलें. सेंसेक्स 53140 अंक पर आ निफ्टी 15923 अंक पर बंद भइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: