"तिलक तराजू और तलवार" लेके आवत बाड़न धर्मेश मिश्रा

by | Apr 30, 2012 | 0 comments

‘माटी के सौगंध’ से आपन अभिनय यात्रा शुरू करे वाला आ पिछला साल शाद कुमार निर्देशित सुपर हिट फ़िल्म ‘त्रिनेत्र’ से सुर्ख़ियन में आइल धर्मेश मिश्रा अब व्यस्त नायकन का कतार में शामिल हो गइल बाड़े . उनुकर कुछ फिलिम जवन जल्दिए रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ ‘रुपिया के बोबला’, ‘हम मस्ताने’ वगैरह.

गौरतलब बा कि एगो प्रा॰ लि॰ कम्पनी के एमडी धर्मेश मिश्रा भोजपुरिया माटी में पलल-बढ़ल होखला का चलते अपना भोजपुरिया प्रेम के डोर में बन्हाइल कंपनी के काम का साथे साथ आपन अभिनयो यात्रा जारी रखले बाड़न. हालही में धर्मेश मिश्रा दिव्या इंटर प्राईजेज के भोजपुरी फ़िल्म “तिलक तराजू और तलवार” साइन कइले बाड़न. एह फिल्म के निर्देशक मनोज नाथवानी, गीतकार राजेश मिश्रा आ अशोक सिन्हा अउर संगीतकार पंकज भट्ट हउवें. फिल्म के कलाकारन में धर्मेश मिश्रा, गौरव झा, राम मिश्रा, नेहा श्री, रीमा सिंह, बालेश्वर सिंह,सी० पी० भट्ट, बिपिन सिंह अउर बृजेश त्रिपाठी के खास नाम बा.

फिल्म के शूटिंग जल्दिए जौनपुर, उत्तर प्रदेश के अनेके खूबसूरत लोकेशन पर कइल जाए वाला बा.


(अपना न्यूज के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up