सिनेमा भोजपुरी के नयका स्टार खेसारी लाल यादव के ‘दिल ले गईल ओढ़निया वाली’ सगरी बिहार में शानदार बिजनेस कइला का बाद अब मुंबई, पंजाब आ दिल्ली-यू. पी. में रिकॉर्ड व्यवसाय करे में लागल बिया. बालाजी सिनेविजन प्रा. लि. प्रस्तुत आ पप्पू भाई, राजेश सिंह अउर संजय कानूगा के बनावल ई फिलिम मुंबई में पहिला हफ्ता में 25,00,000/- रूपये के नेट बिजनेस कर देखवलसि. भिवंडी, कुर्ला समेत दर्जनभर सिनेमाघरन में फिलिम के दुसरका हफ्ता चलत बा. पंजाब के जालंधर अउर यू. पी. के बलिया, मऊ, आ बड़हल गंज में फिलिम रिकॉर्ड बिजनेस दर्ज करवलसि.

अरविंद चौबे निर्देशित एह फिल्म में खेसारी लाल यादव, अंजना सिंह, शशि मोहन, प्रिया कपूर, आशा शर्मा, प्रिया पाण्डेय, बालेश्वर सिंह, रजनीश झांजी, मनोज टाईगर, जसवंत जैसवाल आ सीमा सिंह के खास भूमिका बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

 336 total views,  8 views today

By Editor

%d bloggers like this: