सासाराम, बिहार के नरौरा गांव से आइल मनोज दाव के बचपने से अभिनय से लगाव हो गइल आ एकरा के पूरा करे ला ऊ मुंबई क राह धर लिहलन. मनोज दाव के पहिलकी भोजपुरी फिलिम ‘अनाड़ी सजना’ प्रदर्शित हो चुकल बा आ दुसरकी फिलिम ‘लखैरा’ रिलीज होखे वाला बा. पिछला दिने मनोज दाव से भइल बातचीत के कुछ खास अंश –

‘लखैरा’ कइसन फिलिम ह आ एहमें आपके भूमिका का बा?
‘लखैरा’ तीन गो दोस्तन के कहानी ह. तीनो के अलग-अलग सपना बा बाकि तीनों के हरकत से परेशान गांव समाज के लोग ओहनी के लखैरा मान लेता. जबकि अइसन बा ना. हमार किरदार एह फिलिम में बिल्डर बनल चाहऽता बाकिर ओकरा लगे पइसा रुपिया बा ना बाकिर ऊ अपना मकसद में कइसे कामयाब होता आ तीनों दोस्तन क बारे में गांव वालन के नजरिया कइसे बदलऽता इहे सब एह फिलिम में देखावल गइल बा.

एह फिल्म में काम करे क मउका कइसे मिलल?
‘लखैरा’ के निर्माता कृष्णा यादव हमार ‘अनाड़ी सजना’ देखले रहन आ ओकरा बाद हमरा के ‘लखैरा’ ला साइन कर लिहलन. निर्देशक हउवें संजय सिन्हा आ सह निर्माता जहीरुद्दीन बेग. फिलिम पूरा हो गइल बा आ फरवरी में रिलीज होखे वाला बा.

अभिनय के शौक कब से लागल ?
बचपने से हमरा अभिनय के शौक रहल आ हम गांव में नाटक करत रहीं. बाद में फिलिम देखे लगनी त लागल कि फिलिमो में काम कर सकीलें. अजय देवगन के ‘दीवानगी’ देखनी त अभिनेता बने क भूत सवार हो गइल. पापा सीआईएसएफ इन्स्पेक्टर हईं आ हमरा के डॉक्टर बनावल चाहत रहीं. बाकि हम सासाराम से पटना आ गइनी आ ओहिजा डांस आ फाइट सीके लगनी. बाकि ओहिजा कवनो राह ना लउकल त मुंबई आ गइनी आ संघर्ष करे लगनी. एह बीच हमरा एगो गुजराती फिल्म ‘आपरेशन अक्षरधाम’ में करेक्टर रोल निभावे के मउका मिलल आ फेर भोजपुरी फिल्म ‘लाल चुनरिया वाली’ में करेक्टर रोल कइनी, बाद में ‘अनाड़ी सजना’ में हमरा लीड भूमिका मिलल.

अभिनेता बनला क बाद अब घरवालन के का राय बा आपके बारे में ?
अब त डैडी बहुते सपोर्ट करत बानी. सासाराम में ‘अनाड़ी सजना’ रिलीज भइला क बाद जब ओहिजा गइनी आ लोग घेर लिहल त डैडी के लागल कि कुछ त बात बा एकरा मे.

आपके ड्रीम रोल का ह ?
हमरा ‘दीवानगी’ जइसन फिलिम करे क बा बाकि ओकर रिमेक ना बलिक ओही तरह के फिलिम आ अजय देवगन जइसन किरदार.

भोजपुरी में अउरी कवन फिलिम करत बानी ?
भोजपुरी में एगो अउर फिलिम करत बानी जवना के निर्देशन सुबोध गांधी करत बाड़ें. एकर शूटिंग एही महीना शुरु होखी.


(समरजीत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: