अपना फिलिम ’लहू के दो रंग’ के बारे में ?
’लहू के दो रंग’ फिलिम फेमिली ड्रामा ह जवना में देखे वालन के मरम छुवे वाली कहनी आ मजबूत गीत संगीत बा. खेसारीलाल जी के स्टंट आ अभिनय अबही लें के सबले नीमन कहात बा. महतारी का किरदार में किरन यादव जी अमिट छाप छोड़ले बाड़ी, अंजना सिंह बहुते बोल्ड अंदाज में बाड़ी आ प्रिया शर्मा कमाल के अभिनय कइले बाड़ी. सगरी रस से भरपूर ई फिलिम लोग के मन मोह ली. साथही एह फिलिम में एगो संदेशो बा समाज खातिर.

छत्तीसगढ़ी फिलिमन से भोजपुरी सिनेमा में आवे का बारे में ?
सुपरहिट छत्तीसगढ़ी फिल्म ’टुरा अनाड़ी तभो खिलाड़ी’ कॉमेडी फिल्म बनवला क बाद हम भोजपुरी में आवे के फैसला एहले कइनी कि इलाकाई होखला क बावजूद भोजपुरी सिनेमा के बड़हन इंडस्ट्री बा आ हम एकर हिस्सा बनल चाहत रहनी.

’लहू के दो रंग’ फिलिम के चरचा के कारण ?
सुपरस्टार खेसारीलाल जी जे सिनेमा भोजपुरी के एगो चरचित नाम हउवन एह फिलिम में अलगे अंदाज में सामने आवत बाड़ें. फिलिम के गीत संगीत सभका नीक लागत बा आ एह पर सोनू आनंद जी बहुते मेहनत कइले बाड़न. नृत्य निर्देशन में कानू जी के काम बहुते बढ़िया रहल बा. दिलीप जी के निर्देशन में एक्शनो लाजबाब उतरल बा. कहीं कि पूरा यूनिट के मेहनत से ई फिलिम बहुते बढ़िया बनल बिया.

एह फिलिम में नवोदित हीरो राजेश राज आ नवोदित विलेन प्रेम दुबे के अभिनय के चर्चा बा मार्केट में. कुछ ओहु लोग का बारे में ?
नवोदित हीरो राजेश राज के किरदार निगेटिव एक्शन हीरो के बा आ नवही होखला क बावजूद ऊ जबरदस्त स्टंट कइले बाड़न, नवोदित प्रेम दुबे हंसुआ के विलेन बने के मौका मिलल त ऊ एह मौका के भरपूर फायदा उठवले बाड़न आ अपना अभिनय से पात्र में जान डाल दिहले बाड़न. दावा का साथ कहतानी कि दर्शक एह दुनु के अभिनय पसंद करीहें.

’लहू के दो रंग’ के शूटिंग का बारे में ?
शूटिंग क अनुभव बहुते बढ़िया रहल. पूरा यूनिट परिवार का तरह रहल. हमार पार्टनर अनिल जी सुलझल आदमी हउवन आ भोजपुरी भाषा के बढ़िया जानकारी बा उनुका. डायरेक्टर त मंजुल ठाकुर हउवन बाकि आजुओ सोचतानी त काँप जात बानी कि अगर अभिजीत श्रीवास्तव मुख्य सहायक निर्देशक ना होखतन त का होखीत ? मनोज के कुशवाहा अपना लेखन कला से कथा-पठकथा में जान डाल दिहले बाड़न. अभिजीत जी के भोजपुरी भाषा आ संस्कृति के बढ़िया जानकारी बा आ एकर फायदा हमनी के शूटिंग के दौरान आ डबिंगो बेरा मिलल.

अपना अगिला प्लानिंग क बारे में ?
जनवरी 2013 में नया प्रोजेक्ट के प्लानिंग चलत बा आ हम आपन तिसरको फिलिम भोजपुरीए में बनाएब.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: