(अतवार, 18 दिसंबर)
देश
- अतवार का दिने जयपुर में केंद्रीय संचार राज्यमंत्री सचिन पायलट एगो नया योजना के शुरूआत कइलन जवना में लोग आपन फोटो वाला डाक टिकट पच्चीस रुपिया में लगा के डाक भेज सकी. हालैन्ड में ई सुविधा पहिले से बा आ ओहिजा केहु के फोटो वाला डाक टिकट छपवावल आ इस्तेमाल कइल जा सकेला.
- अन्ना हजारे चेन्नई में धन के लालची लोगन के कहलन कि खाली हाथ आइल बानी जा खाली हाथ जायब जा. दुनिया के जीते वाला सिकन्दरो खालिये हाथ मरल रहुवे.
- पंजाब में अकाली दल-भाजपा गठबन्हन अतवार का दिन आपन चुनावी बिगुल फूंक दिहलसि.
- भंवरी मामला में गवाही खातिर जारी सम्मन के अनदेखी करे वाला कांग्रेसी विधायक मलखान सिंह बिश्नोई का खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी करे के अपील कर सकेले सीबीआई.
- कांग्रेस नेता अभिषेक मनु सिंघवी अतवार का दिने कहलें कि “सिविल सोसाइटी” लोकपाल विधेयक पर सरकार के कामकाज के निगरानी करे के सगरी हद पार कर लिहलन.
- इंदौर में एगो सरकारी क्लर्क का लगे 35 करोड़ रुपिया के संपत्ति मिलल बा.
- अन्ना हजारे प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के ईमानदार त मनलें बाकिर कहलें कि ऊ रिमोट से चलेलें.
- खाद्य सुरक्षा विधेयक के केन्द्रीय मंत्रिमंडल के मंजूरी मिल गइल. एह विधेयक में देश के करीब आधा आबादी के तीन रुपिया किलो चाउर, दू रुपिया किलो गेंहू आ एक रुपिया किलो मोट अनाज दिहल जाई.
- वरिष्ठ नेता राघव रेड्डी के विश्व हिंदू परिषद के नयका अंतर्राष्ट्रीय अध्यक्ष बनावल गइल बा आ महासचिव तोगड़िया के अंतर्राष्ट्रीय कार्याध्यक्ष. अशोक सिंघल अब विहिप के सलाहकार रहीहें.
- भाजपा नेता आडवाणी के कहना बा कि लोकपाल विधेयक संसदे बनाई आ ई ओकरे अधिकार में बा.
- मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के कहना बा कि क्रिकेटर सचिन तेंदुलकर से पहिले हॉकी के जादूगर मेजर ध्यानचंद के भारत रत्न मिले के चाहीं.
- मेघालय के पूरब वाला गारो पहाड़ियन में अतवार का दिने भइळ मुठभेड़ में सुरक्षाबल दू गो बागियन के मार गिरवलें.
- झारखण्ड में हटिया विधान सभा सीट पर भइल उपचुनाव के मतगणना सोमार का दिने दुबारा करावल जाई.
- चिदम्बरम मुल्लापेरियार बाँध पर दिहल आपन बयान वापिस ले लिहलन जवना में ऊ कहले रहन कि विवाद के असल कारण केरल में होखे वाला अगिला चुनाव बावे.
दुनिया के खबर
- तीन महीना बाद पाकिस्तान-ईरान सीमा फेरु खुलल.
- उत्तर कोरियाई नेता किम जोंग-इल के अड़सठ साल का उमिर में निधन हो गइल.
- चेक गणराज्य के पहिले राष्ट्रपति रहल वाक्लाव हैवेल के आखिरी संस्कार शुक का दिने कइल जाई. उनुकर निधन पचहत्तर साल का उमिर में अतवार का दिने हो गइल.
- दुबई से पाकिस्तान लवटि अइलन आसिफ जरदारी.
- ब्रिटेन में दू गो हलुक जहाज के टकरइला में पायलट के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइले.
- अमेरिका के आखिरी सैन्य टुकड़ी इराक से अतवार का दिने रवाना हो गइल.
- जापानी प्रधानमंत्री का भारत यात्रा का दौरान रुकल परमाणु बातचीत फेर शुरु करे के काम आगा बढ़ावल जाई.
- अमेरिका के वैज्ञानिक एह बात के निराधार बतवले जवना में कहल जात बा कि साल 2012 में दुनिया पर प्रलय आ जाई.
- फिलीपींस में आइल बाढ़ में साढ़े छह सौ लोग मरल. बचाव का काम में बीस हजार सैनिक लागल बाड़े.
- पाकिस्तानी सेना के लोकतंत्र समर्थक बतवलें प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी. कहलन कि सेना आ सरकार में कवनो टकराव नइखे.
- रूसी राष्ट्रपति दमित्री मेदवेदेव कहले बाड़न कि उनुका पार्टी के खास काम बा साल 2012 के राष्ट्रपति चुनाव में व्लादमीर पुतिन के जीतवावल.
- ईरान अपना कब्जा में आइल विदेशी टोही जहाजन के प्रदर्शनी लगाई. एऋमें इजरायल के चार गो आ अमेरिका के तीन गो हवाई जहाज शामिल बा.
व्यापार व्यवसाय के खबर
- डॉलर का मुकाबले 16 फीसदी नीचे चलत रुपिया के दाम में अबही घट बढ़ चलत रही.
- विदेशी निवेशक पिछला हफ्ता 26 करोड़ डॉलर के शेयर बेच डललें.
- केएफसी भारत में अपना रेस्तरन के गिनिती साल 2015 ले पाँच सौ करे के योजना में लागल.
- ‘सपोर्ट माई स्कूल’ अभियान के अमेरिकी कम्पनियन के समर्थन मिले के उमेद हो गइल बा.
मनोरंजन का दुनिया से
- स्टार इंडिया के एगो नया टीवी चैनल लाइफ ओके अतवार से शुरू हो गइल जवना में माधुरी दीक्षित ‘सूत्रधार’ बनल बाड़ी.
खेल के खबर
- फीफा क्लब वर्ल्ड कप में ब्राजील के फुटबाल क्लब सांतोस के हरा के बार्सिलोना चैम्पियन बन गइल.
- सुपर सीरीज फाइनल्स में भारत के सायना नेहवाल हार गइली.
- अदिति अशोक ऊषा अखिल भारतीय महिला एमेच्योर गोल्फ चैम्पियनशिप जीत लिहली.
- बिग बैश लीग में हरिकेंस स्कॉरचर्स के 31 रन से हरा दिहलें.
- सोमार से होखे वाला दुसरका अभ्यास मैच में भारतीय क्रिकेट टीम के आपन तईयारी परखे के मौका मिली.