धर्मेन्द्र कुमार पाण्डेय के मिलल मदर टेरेसा पुरस्कार


पिछला दिने गोरखपुर में यूनाइटेड मिशन सोसाइटी का तरफ से आयोजित एगो कार्यक्रम में प्रसिद्ध पत्रकार धर्मेन्द्र कुमार पाण्डेय के मदर टेरेसा पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल. कार्यक्रम के संबोधित करत राज्य के वनमंत्री फतेह बहादुर सिंह कहले कि पूर्वांचल में कला संस्कृति के बढ़ावा देबे वालन के कमी नइखे. स्व॰ वीर बहादुर सिंह के सपना रहे पूर्वांचल राज्य बनावे के जवना खातिर सरकार केन्द्र का लगे प्रस्ताव भेजले बिया. अध्यक्षता भारतेदु नाट्य अकादमी के अध्यक्ष यशवंत उदयभान निकोसे कइलन. सेंट जोसेफ स्कूल के प्रधानाचार्य फादर संतोष आ संयोजक मो॰तनवीर अहमद अतिथियन के स्वागत कइले. एह मौका पर डा॰ विजाहत करीम आ कुमार हर्षो के सम्मानित कइल गइल.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..