नायक ना खलनायक हईं हम – कहलन समर्थ चतुर्वेदी

by | May 29, 2012 | 0 comments

सिनेमा का संसार में एगो रिवाज जस बन गइल बा कि खलनायकी करत करत अभिनेता नायक बनि जाला. एह कड़ी में सुजीत कुमार, विनोद खन्ना, शत्रुघ्न सिन्हा आ सुशील सिंह जइसन अनेके नाम बा. अपवाद बन के सामने आइल बाड़न समर्थ चतुर्वेदी जे त्यागी ब्रदर्स के बनावल फिलिम ‘बलमा बड़ा नादान’ में नायक बन के अपना कैरियर के शुरूआत कइले रहन. उनुकर नायिका रहली ‘दिव्या (रश्मि) देसाई. ओकरे बाद समर्थ चतुर्वेदी दिव्या संग ‘गज़ब भाईल रामा’, सीमा पाण्डेय संग ‘गंगा मैया तोहे चुनरी चढईबो’ आ ‘गोधन’, गुंजन पन्त संगे ‘नचनिया एक तमाशा’ अउर सीमा मालिक संगे ‘रक्षा बंधन’ वगैरह अनेके अभिनेत्रियन आ फिलिमन के हीरो रहलन. अब उहे समर्थ चतुर्वेदी अपना दुसरका पारी में बतौर खलनायक शुरूआत कइले बाड़न.

निर्देशक शाद कुमार के सुपर हिट फ़िल्म “त्रिनेत्र” में खलनायक बनि के परदा पर कहर मचवला का बाद दोसरको निर्माता निर्देशकन के भरोसा उनुका पर बढ़ गइल आ एह साल उनुकर अनेके फिलिम बतौर खलनायक रिलीज होखे वाला बाड़ी सँ. एह फिलिमन में ‘रूपया के बोल बाला’, ‘भोजपुरिया मजदूर’, ‘तन तुलसी मन गंगा’, आ ‘हवा में उड़ता जाय लाल दुपट्टा मलमल का’ वगैरह बाड़ी सँ


(अपना न्यूज के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up