भोजपुरी सिनेमा के सुपर जुबली स्टार दिनेश लाल यादव के होम प्रोडक्शन फिल्म पिछला हफ्ता सीतामढ़ी के शंकर टाकीज समेत बिहार के कई सिनेमा घर में पचास दिन से बेसी चलल आ चलते जात बा.
फिल्म औलाद के सफलता फेर साबित कर दिहलसि कि भोजपुरिया दर्शकन के पारिवारिके फिल्म निमन लागेला आ साफ सुथर फिल्म सफलता के झंडा गाड़ेले.
एह फिल्म के निर्देशन असलम शेख के बा.
फिल्म के पचासा लगवला खातिर पूरा टीम के बधाई आ कामना कि अइसहीं बढ़िया पारिवारिक फिलिम बनावत रहे लोग.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

 366 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: