निर्देशक पराग पाटिल बुलंदी पर बाड़न

Written by Editor

May 11, 2014

ParagPatilचेन्नई आ बिहार मे हालिया प्रदर्शित भइल एक्शन किंग विराज भट्ट अउर हॉट केक अंजना सिंह अभिनीत फ़िलिम ‘गरदा’ के सफलता का बाद अब महिला प्रधान ‘बहुरानी’ फ़िलिम से पराग पाटिल निर्देशन के क्षेत्र मे बुलंदी छूअत बाड़न. पराग पाटिल एक एक गो हिन्दी आ मराठी फ़िलिमन का साथ ही जल्दिए एगो भोजपुरीओ फिलिम के शूटिंग शुरु करे जात बाड़न. पराग पाटिल निर्देशित हर फिलिम में नायिका कवनो ना कवनो स्टार अभिनेत्री रहल बाड़ी.

अंजना सिंह के केन्द्रीय भूमिका वाली फिलिम ‘बहुरानी’ के शूटिंग के पहिला शेड्यूल उत्तर प्रदेश के जौनपुर जिला में हाल ही में पूरा भइल ह. एकर निर्माता शिव प्रकाश सरोज आ लेखक अउर निर्देशक पराग पाटिल हउवन.


(रामचंद्र यादव)

Loading

You May Also Like…

नवलखा नव-लखा कि नौ-लाखा

नवलखा नव-लखा कि नौ-लाखा

सबसे पहिले त ई बता दीहल जरुरी लागत बा कि एह लेख के कवनो मर-मुकदमा, कोर्ट-कचहरी के फैसला से कुछ लेबे देबे के नइखे....

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up