NehaShree
महिला प्रधान भोजपुरी फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ में राजस्थानी सिने स्टार नेहाश्री के अभिनय आ सादगी से खुश होके महिला दर्शक इनका के आत्मा से आशीर्वाद देता बाड़ी कि नेहाश्री कामयाबी के सीढ़ी दर सीढ़ी चढ़त जासु.

फिलिम के सफलता के आलम ई बा कि रिलीज होखला का छह हफ्ता बादो फिलिम हर जगहा सुपरहिट चलत बिया. अनेके सिनेमाघर मे खुद नेहाश्री जा के फिलिम के प्रोमोशन करत बाड़ी आ फिलिम देखे आइल मेहरारूवन के सौभाग्य के प्रतीक बिंदिया बाॅटत बाड़ी. जवाब मे उ लोग इनका के आत्मा से आशीष देत बा.

मैनास प्रोडक्शन प्रा. लि. के बैनर के फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के सेंसर बोर्ड से यू सर्टिफिकेट मिलल बा जवन बतावत बा कि भोजपुरी के ई सचहू पारिवारिक फिलिम बावे. एकर निर्माता हलचल सिंह आ निर्देशक ओमप्रकाश यादव हउवे.


(रामचंद्र यादव)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d