नीरज राज पौडेल हउवें त नेपाल से, लेकिन पढ़ाई न्यूयार्क से कइले आ अब भोजपुरी सिनेमा में आपन किस्मत आजमावत बाड़न. शुरुआत कइलन निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के फिल्म ‘दिलजले’ से जवना में नीरज राज पौडेल के एगो छोटहन भूमिका रहल. बाकिर ओह छोटहने भूञीका में ऊ फिल्म के निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के एतना प्रभावित कर दिहलन कि रमाकांत प्रसाद उनुका के अपना अगिला फिल्म ‘लड़ाई ल अंखिया ए लौंडे राजा’ में हँसी भड़ल बाकिर सह-खलनायक वाली भूमिका सउँप दिहले. ई फिल्म सुपर हिट भइल आ नीरज राज रातों रात भोजपुरी सिनेमा में छा गइलन.

नीरज राज पौडेल का लगे एह फिल्म के सफलता का बाद बहुते आफर आवे लागल बा. नीरज के आवे वाली फिलिमन में ‘बारूद’ अउर ‘खून पसीना’ खास बाड़ी सँ.

भोजपुरी दर्शकन के धन्यवाद देत नीरज राज कहले कि ऊ भोजपुरी दर्शकों के बहुत शुक्रगुजार बाड़े जे उनकर एह तरह स्वागत कइले.


(स्रोत – समरजीत)

Loading

By Editor

One thought on “न्यूयार्क से भोजीवुड पहुंचले नीरज राज पौडेल”

Comments are closed.

%d bloggers like this: