भोजपुरी सिनेमा के सबले लोकप्रिय सुपरस्टार पवन सिंह एह साल के धमाकेदार शूरुआत करे जा रहल बाड़न. पिछला साल पवन सिंह के हिट पर हिट फिल्म लगातार रिलीज भइल रही सँ आ एहू साल वइसने लागत बा. पवन सिंह अभिनीत साल के पहिला फिल्म होई “गुण्डईराज” जवन ११ फरवरी के रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिल्म में पवन सिहं एगो अइसन नवजवान अपराधी के भूमिका कइले बाड़न जवन हालात का मजबूरी से गुण्डा बन जात बा. पवन सिंह एहमें गजब के एक्शन कइले बाड़न. फिल्म में मोनालिसा आ श्रीकंकनी नायिका बनल बाड़ी. एकरा बाद आई “तू जान हऊ हमार” जवन २५ फरवरी के रिलीज होखी. साल के तिसरका फिल्म रही “लागल नथुनिया के धक्का” जवना में दू गो गरमागरम अभिनेत्री बाड़ी, आरती पुरी आ कृशा खण्डेलवाल. एह से साफे लागत बा कि एहू साल पवन सिंह के शानदार सफलता वाली फिल्मन के कतार बनल रही.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)
368 total views, 2 views today