पाखी हेगडे के डबल धमाल

by | Apr 3, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन अदाकारा पाखी हेगडे के आजुकाल्ह डबल धमाल चलत बा. उनुकर दू गो फिलिम ‘बिदेसिया’ आ ‘भईया हमार दयावान’ बॉक्स ऑफिस पर सफलता के परचम लहरावत बाड़ी सँ. बिदेसिया मुंबई आ बिहार में बम्पर बिजनेस करत बिया त ‘भईया हमार दयावान’ मुंबई में शानदार व्यवसाय करत बिहारो में मजगर बिजनेस करत बिया.

‘बिदेसिया‘ फिल्म में पाखी के किरदार कॉल गर्ल के बा त ‘भईया हमार दयावान’ में पॉकेटमार के. अपना एह दुनु फिलिमन के सफलता से पाखी बहुते खुश बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up